टोरंटो एयरपोर्ट पs लैंडिंग के घरी पलटल विमान, चमगादड़न के तरह लटकले यात्री

टोरंटो के पियर्सन इंटरनेशनल एयरपोर्ट पs भइल विमान हादसा

Share

कनाडा में विमान दुर्घटना भइल बा.  सोमार के दिने टोरंटो के पियर्सन इंटरनेशनल हवाई अड्डा पs डेल्टा एयरलाइंस के एगो विमान के दुर्घटना हो गइल.  एह हादसा में नाहियो तs 19 लोग घवाहिल हो गइले.  विमान में 76 लोग सवार रहले।  सीबीसी के रिपोर्ट के मुताबिक, विमान बर्फीला रनवे पs फिसल गईल अवुरी ओकरा बाद पलट गईल।  दुर्घटना के बाद डेल्टा एयरलाइंस के कहनाम बा कि विमान के दुर्घटना कइसे भईल एकर जांच जारी बा।

विमान 15 साल पुरान रहे

विमान मिनियापोलिस से सबेरे 11:47 बजे उड़ान भरलस।  दुर्घटना के बाद जवन तस्वीर सामने आइल बा ओहमें विमान उल्टा लउकत बा.  ओंटारियो के एयर एम्बुलेंस सेवा ‘ऑरेंज’ के मुताबिक, तीन मरीज के गंभीर हालत में अस्पताल में भर्ती करावल गईल बा।  ई 15 साल पुरान विमान रहे आ 2013 से डेल्टा एयरलाइंस के बेड़ा में रहे।

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: आंख के रोशनी दुरुस्त रखे खातीर रोज करीं इs 10 गो योगासन

‘चमगादड़ निहन लटकल रहले’

विमान दुर्घटना के बाद एगो यात्री पीट कूकोव कहले कि जब तक उs जमीन से ना टकरा गईल, तब तक उनुका कवनो अंदाज़ा ना रहे कि का होखता।  सीएनएन के रिपोर्ट के मुताबिक कुकोव कहले कि जब हम जमीन से टकरा गईनी तs विमान पलट गईल रहे अवुरी हमनी के चमगादड़ निहन उल्टा लटकल रहनी।  कहलन कि हम अपना के भाग्यशाली आ खुशनसीब मानत बानी.”

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: वेट लॉस के कुल पैंतरा आजमा चुकल बानी, बाकिर वजन नइखे होत टस से मस? तs ट्राई करीं इs 3 गो योगा

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-