इजरायल में एक के बाद एक कई बसन में भइल धमाका

By Anurag Ranjan

Published on: Feb 21, 2025

इजरायल में एक के बाद एक कई गो बस में विस्फोट होखे के खबर आइल बा. पुलिस एकरा के संभावित आतंकी हमला बतवले बिया। एह घटना में कवनो तरह के जानमाल के नुकसान के कवनो

Share

इजरायल में एक के बाद एक कई गो बस में विस्फोट

इजरायल में एक के बाद एक कई गो बस में विस्फोट होखे के खबर आइल बा. पुलिस एकरा के संभावित आतंकी हमला बतवले बिया। एह घटना में कवनो तरह के जानमाल के नुकसान के कवनो खबर नइखे. जांच के दौरान दुगो अवरू बस में अतिरिक्त विस्फोटक मिलल बा। अधिकारी लोग से सतर्क रहे के गोहार लगवले बाड़े। 

पुलिस जांच शुरू कs देलस

पुलिस एगो बयान जारी कs कहलस कि, “शुरुआती रिपोर्ट आतंकी हमला के रूप में देखाई देता। बत्त याम के अलग-अलग जगह पs कई बस में विस्फोट के सूचना मिलल बा।” ई घटना हमास के गाजा से चार गो इजरायली बंधक के शव वापस कs दिहला का बाद भइल. बयान में कहल गईल कि, संदिग्ध लोग के तलाशी खातीर भारी संख्या में पुलिस बल के तैनाती कईल गईल बा।

इहो पढ़ीं: भक्तिमय सोमार: ‘श्रद्धा के सागर’ जानीं पटना के हनुमान जी के युग्म मूर्ति वाला मंदिर ‘महावीर मंदिर’, इs काहें बा खास

बस में मिलल विस्फोटक


पुलिस प्रवक्ता आसी अहरोनी बतवले कि दुगो अवरू बस में भी विस्फोटक मिलल बा। अधिकारी बतवले कि बम में टाइमिंग डिवाइस लागल बा। पुलिस प्रवक्ता हैम सार्ग्रॉफ बतवले कि जांच जारी बा कि कवनो एक व्यक्ति अलग-अलग बस में विस्फोटक लगवले बा कि ना कि एकरा में कई गो अपराधी शामिल बाड़े। बत्त याम के मेयर बतवले कि एs धमाका में केहु घाही नईखे भईल।

इहो पढ़ीं: भक्तिमय सोमार: ‘श्रद्धा के सागर’ धरती चीर के बाहर निकलल रहे गोरखपुर के मां काली के प्रतिमा

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.