Byju’s: दिवालिया कार्यवाही के चलते बंद हो जाई कंपनी, HC से बोललें रवींद्रन, 90 दिनन में बकाया भुगतान के इच्छा

Share

कबो सबसे मूल्यवान स्टार्टअप रहल बायजू पs अब पूरा तरे बंद होखे के संकट मंडरा रहल बा। शिक्षा प्रौद्योगिकी कंपनी के संस्थापक आ सीईओ बायजू रवींद्रन कर्नाटक हाईकोर्ट में दायर याचिका में बायजू के बंद होखला के आशंका जतवलें बाड़ें। राष्ट्रीय कंपनी विधि न्यायाधिकरण (एनसीएलटी) 158.9 करोड़ रुपिया ना चुकवला पs भारतीय क्रिकेट बोर्ड (बीसीसीआई) के याचिका पs बायजू के खिलाफ दिवालिया कार्यवाही सुरू करे के अनुमति देले बा।

रवींद्रन एकरा खिलाफ कर्नाटक हाईकोर्ट में याचिका लगवले बाड़ें। एमे कहल गइल बा कि दिवालिया कार्यवाही चलत रहल तs कंपनी के हजारन कर्मियन के नौकरी छोड़ला पs मजबूर होखे के पड़ल। एकरा से शिक्षा प्रौद्योगिकी कंपनी के सेवा पूरा तरे बंद हो जाई। रवींद्रन के काउंसिल एमजेडएम लीगल 452 पेज के याचिका में कहलस, दिवालिया कार्यवाही के वजह से ऑनलाइन प्लेटफॉर्म के मेंटेनेंस खातिर बायजू के सेवा देवे वाला वेंडरो के डिफॉल्टर घोषित करे के होई। एसे सारा ऑपरेशन ठप हो जाई।

दिवालिया कार्यवाही सुरू होखला के संगही बायजू के संपत्तियन के अटैच कs लिहल गइल बा। एकरा बोर्ड के निलंबित कs दिहल गइल बा। बायजू के लगे अभी 27 हजार कर्मचारी बा, जेमे 16,000 शिक्षक सामिल बा लो। कर्नाटक हाईकोर्ट ममिला के सुनवाई सोमार के करी। रवींद्रन 90 दिनन भीतर बकाया भुगतान के इच्छा जतवले बाड़ें।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-