[the_ad_group id="30365"]

आज के इतिहास ; इतिहास में 21 जुलाई, महत्वपूर्ण घटना के बारे में जानी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

21 जुलाई देश के महिला लोग खातिर खुश रहे के एगो खास कारण लेके आइल। 12 साल पहिले आज के दिन देश के पहिला महिला राष्ट्रपति प्रतिभा पाटिल के रूप में मिलल रहे। 19 दिसम्बर 1934 के जनमल प्रतिभा देवीसिंह पाटिल 2007-2012 ले देश के 12वीं राष्ट्रपति बनली, देश के एह सबसे ऊँच संवैधानिक पद पर बइठे वाली पहिला महिला रहली। 21 जुलाई के राष्ट्रपति चुनाव में जीतल रहली आ 25 जुलाई 2007 के राष्ट्रपति के शपथ लिहली।

 देश आ दुनिया के इतिहास में 21 जुलाई के तारीख के दर्ज अउरी महत्वपूर्ण घटना के क्रमिक विवरण निम्नलिखित बा…

  •  1883 : कोलकाता में भारत के पहिला सार्वजनिक रंगमंच खुलल।
  •  1884 : पहिला क्रिकेट टेस्ट मैच लॉर्ड्स मैदान में खेलल गइल।
  •  1888 : ब्रिटिश आविष्कारक डनलोप टायर आ ट्यूब बनवले जवना से परिवहन के साधन के गति बढ़ गइल।
  •  1904 : 13 साल के निर्माण काम के बाद रूस में 4607 किलोमीटर लंबा ट्रांस साइबेरियाई रेलवे लाइन के निर्माण पूरा भइल।
  • 1940 : सोवियत संघ एस्टोनिया, लातविया आ लिथुआनिया पर कब्जा कर लिहलस।
  •  1960 : श्रीलंका (तब के सिलोन) के सिरिमावो बंदरनाइके दुनिया के पहिला महिला प्रधानमंत्री बनली।
  •  1962 : भारत आ चीन के बीच सीमा युद्ध।
  •  1963 : काशी विद्यापीठ के विश्वविद्यालय के दर्जा दिहल गइल।
  •  1988 : भारतीय राष्ट्रीय उपग्रह (INSAT-1C) के प्रक्षेपण।
  •  2007 : वाशिंगटन में चार दिन के विचार-विमर्श के बाद भारत-अमेरिका परमाणु समझौता के मसौदा तैयार कइल गइल।
  •  2007 : प्रतिभा पाटिल भारत के पहिला महिला राष्ट्रपति बनली।
  •  2008 : भारतीय मूल के नेपाली कांग्रेस के वरिष्ठ नेता रामबरन यादव नेपाल के पहिला राष्ट्रपति चुनल गइल।
  • 2013 : बेल्जियम के राजा अल्बर्ट द्वितीय अपना बेटा फिलिप के राज्याभिषेक खातिर गद्दी छोड़ दिहलें।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]