Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

बाल-बाल बचलें बक्सर के डीएम: गाड़ी गुजरला से ठीक पहिले सड़क पs गिरल नीम के गाछ, बुरा तरे क्षतिग्रस्त भइल बाइक

बक्सर के ब्रह्मपुर में सुक के जिलाधिकारी के गाड़ी गुजरला दु दो मिनट पहिलही सड़क पs एगो नीम के गाछ गिर गइल। लिहाजन सड़क मार्ग बाधित हो गइला के कारण जिलाधिकारी के गाड़ी फंस गइल। फेर जिलाधिकारी उहां से पैदल चल के मंदिर तक पहुंचलें। सड़क पs ढेरे लोग चलत रहे। ओइसे, केहू गाछ के चपेट में ना आइल।

470
Google Ads 300*250 for posts

स्थानीय ब्रह्मेश्वर नाथ मंदिर के निरीक्षण खातिर डीएम अंशुल अग्रवाल के पहुंचला से ठीक पहिले उनका रस्ता में नीम के एगो विशाल गाछ सड़क पs गिर गइल। हादसा के करीब दु मिनट बाद डीएम उहां पहुंचलें। ई हादसा ब्रह्मपुर बाजार में मेन रोड पs भइल।

एह हादसा में गाछ के नीचे दबके एगो बाइक बुरा तरे क्षतिग्रस्त हो गइल। बियफे के रात से लगातार रुक-रुक के हो रहल बरखा के कारण एह पेड़ के जड़ के माटी पs पकड़ ढीली हो गइल रहे। संजोग अच्छा रहल कि एगो बाइक के छोड़ दीं, तs जान-माल के कवनो नुकसान एह हादसा में ना भइल।

गाड़ी छोड़के डीएम के जाये के पड़ल पैदल 

गाछ गिरला के बाद सड़क बाधित हो गइला के कारण जिलाधिकारी के गाड़ी से उतरके बाबा ब्रह्मेश्वर नाथ मंदिर तक पैदले जाये के पड़ल। सुक के 11 बजे मंदिर परिसर के सौंदर्यीकरण योजना के निरीक्षण करे खातिर झारखंड हाईकोर्ट के न्यायाधीश डॉ एसएन पाठक के अइला पs जिलाधिकारी अंशुल अग्रवाल आवत रहलें।

जिलाधिकारी के वाहन ब्रह्मपुर के मुख्य सड़क से जात रहे, बाकिर मंदिर से लगभग 500 मीटर उत्तर जिलाधिकारी के गाड़ी गुजरला से लगभग दु मिनट पहिलही नीम के एगो पुराना गाछ मुख्य सड़क पs बरखा के कारण गिर पड़ल। लिहाजन सड़क मार्ग बाधित हो गइला के कारण जिलाधिकारी के गाड़ियो ओहिजा फंस गइल।

मवका पs पहुंचल लो वन विभाग के अधिकारी

फेर जिलाधिकारी उहां से पैदले चलके मंदिर तक पहुंचलें। सड़क पs ढेरे लोग चलत रहे। हालांकि, संजोग अच्छा रहल बा आ केहूओ पेड़ के चपेट में ना आइल। घटना के सूचना मिलला के बाद वन विभाग के कर्मचारी मवका पs पहुंचल लो आ गाछ के सड़क मार्ग से हटावल। वन विभाग के रेंजर टीपी सिंह यातायात सुरु करावे में जुटल रहलें। निरीक्षण के बाद जिला अधिकारी बक्सर-पटना फोरलेन के बजाय रघुनाथपुर के रस्ता से होके रवाना हो गइलें।

583130cookie-checkबाल-बाल बचलें बक्सर के डीएम: गाड़ी गुजरला से ठीक पहिले सड़क पs गिरल नीम के गाछ, बुरा तरे क्षतिग्रस्त भइल बाइक

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.