[the_ad_group id="30365"]

गोपालगंज में स्कॉर्पियो के धक्का से दु बाइक सवार घायल: जीजा गंभीर हालत में गोरखपुर रेफर, घर जात घरी भइल हादसा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

जिला के बरौली थाना क्षेत्र के रामपुर सदौआ गांव के लगे स्कॉर्पियो मोटरसाइकिल सवार दु लोगन के जोरदार धक्का मार देलस। बाइक सवार दुनो जुवक जख्मी हो गइल लो। एह हादसा में एक के इस्थिति गंभीर बनल बा। सदर अस्पताल में प्राथमिक उपचार के बाद गोरखपुर रेफर कs दिहल गइल बा।

जख्मी जुवक के पहचान सिसवनिया टोला गांव निवासी भैरो सहनी के बेटा संजय सहनी आ साला संदीप कुमार के रूप में भइल बा। जख्मी जुवक संजय अपना साला संदीप के संगे बाइक पs सवार होके गोपालगंज आवत रहे। बरौली थाना क्षेत्र के सदौआ गांव के लगे स्कॉर्पियो ओकरा के जोरदार धक्का मार दिहल।

एने, धक्का लगतही दुनो बुरा तरे से जख्मी हो गइल लो। दुनो घायलन के इलाज खातिर गोपालगंज सदर अस्पताल के इमरजेंसी वार्ड में भर्ती करावल गइल। गंभीर रूप से जख्मी संजय सहनी के इस्थिति नाजुक देखत बेहतर इलाज खातिर गोरखपुर रेफर कs दिहल गइल।

साभार: दैनिक भास्कर

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]