महाराष्ट्र के गोंडिया में बिजनेसमैन से ऑनलाइन सट्टा में 58 करोड़ के ठगी: आरोपी के घर से 17 करोड़ कैश, 14 KG गोल्ड आ 200 KG चांदी बरामद

Share

महाराष्ट्र के गोंडिया में एगो बिजनेसमैन से ऑनलाइन सट्टा में  58 करोड़ के ठगी हो गइल बा। ममिला में पुलिस सनीचर के आरोपी के घरे छापा मरलस तs उहां से 17 करोड़ कैश, 14 KG गोल्ड आ 200 KG चांदी बरामद भइल।

पुलिस बतवलस कि अनंत जैन नाम के एगो क्रिकेट बुकी एगो ऑनलाइन गैंबलिंग प्लेटफॉर्म बनवले रहे। एह प्लेटफॉर्म के माध्यम से ऊ ठगी ले अंजाम देलस। मानल जा रहल बा कि छापा से एक दिन पहिलही ऊ दुबई भाग गइल।

8 लाख रुपिया से ऑनलाइन जुआ के सुरुआत

नागपुर पुलिस कमिश्नर बतवलें कि आरोपी अनंत जैन बिजनेसमैन के जादे पईसा कमाये के लालच देके ऑनलाइन सट्टा खेले खातिर मनवलस। सुरुआत में बिजनेसमैन हवाला एजेंट के जरिए 8 लाख रुपए अनंत जैन के ट्रांसफर कइलस।

जैन बिजनेसमैन के ऑनलाइन गैंबलिंग अकांउट खोले खातिर वॉट्सऐप पs एगो लिंक भेजलस। बिजनेसमैन 8 लाख रुपिया के संगे सट्टा खेले के सुरुआत कइलस।

5 करोड़ कमइलस, 58 करोड़ गंववलस 

गैंबलिंग के सुरुआत में बिजनेसमैन के फायदा भइल बाकिर बाद में ऊ हारे लागल। कुल मिलाके ऊ खाली 5 करोड़ रुपिया कमइलस, ओहिजा 58 करोड़ गंवा देलस।

बिजनेसमैन के शक भइल कि ज्यादातर मवकन पs ऊ हार रहल बा तs ऊ आपन पईसा वापस मंगलस बाकिर जैन मना कs देलस। एकरा बाद बिजनेसमैन पुलिस में शिकायत दर्ज करवलस।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-