मेघालय CM ऑफिस पs भीड़ के हमला: 5 सुरक्षाकर्मी घायल; तुरा में कइयन जगह टायर जलावल गइल, नाइट कर्फ्यू लगावल गइल 

By Anurag Ranjan

Published on: Jul 24, 2023

मेघालय के मुख्यमंत्री कॉनराड संगमा के तुरा में बनल CM ऑफिस पs भीड़ सोमार सांझ के हमला कs देलस। CM संगमा सुरक्षित बाड़ें, बाकिर उनकर पांच सुरक्षाकर्मी घायल हो गइल बा लो। तुरा शहर में

Share

मेघालय के मुख्यमंत्री कॉनराड संगमा के तुरा में बनल CM ऑफिस पs भीड़ सोमार सांझ के हमला कs देलस। CM संगमा सुरक्षित बाड़ें, बाकिर उनकर पांच सुरक्षाकर्मी घायल हो गइल बा लो। तुरा शहर में नाइट कर्फ्यू लगा दिहल गइल बा।

जवना समय हमला भइल ओह समय संगमा अचिक कॉन्शियस होलिस्टिकली इंटीग्रेटेड क्रिमा (ACHIK) आ गारो हिल्स स्टेट मूवमेंट कमेटी (GHSMC) के प्रतिनिधियन के संगे बात करत रहस। ई संगठन पिछला 14 दिनन से तुरा के विंटर कैपिटल बनावे के मांग करे खातिर भूख हड़ताल कs रहल बा। CM एकर प्रतिनिधियन के सोमार के बातचीत खातिर बोलवले रहस।

हंगामा कs रहल लोग तुरा में एगो गाड़ी में आग लगा दिहल।

बातचीत करीब करीब पूरा हो गइल रहे तबे अचानक भीड़ आइल आ पथराव करे लागल। पुलिस भीड़ के हटावे खातिर आंसू गैस के गोला दगलस। भीड़ सीएम ऑफिस के गेट तुड़हूं के कोसिस कइलस।

घायल सुरक्षा कर्मियन से मिललें मुख्यमंत्री

सुकक्षाकर्मियन के हालचाल लेत CM संगमा।

सीएम संगमा हिंसा में घायल सुरक्षाकर्मियन के हालचाल लेलें बाड़ें। संगमा के घायल सुरक्षाकर्मियन से बातचीत के बेरा के तस्वीर मीडिया में सामने आइल बा। फोटो में घायल सुरक्षाकर्मी फर्श पs पड़ल दिख रहल बा। मुख्यमंत्री घायल कर्मियन खातिर 50 हजार रुपिया के मदद आ इलाज के खर्च देवे के घोषणा कइलें बाड़ें।

50 साल पुरान मांग पूरा करावे खातिर हंगामा

सिविल सोसाइटी ग्रुप के कहनाम बा कि 1972 में मेघालय के पहिला बेर राज्य के दर्जा मिलल रहे। तब तुरा के राजधानी बनावे के वादा कइल गइल रहे। आंदोलन करे वाला इहां मिनी सचिवालयो खातिर राजी बा लो।

ओह लोगन के कहनाम बा कि गारो हिल्स में रहे वाला सब समुदायन के विकास आ समस्यन के हल करे खातिर विंटर कैपिटल बनावल एकमात्र तरीका बा।

हमलावर बाहरी लोग हs: सीएम संगमा

मुख्यमंत्री कॉनराड संगमा कहलें- ऑफिस पs हमला बहुत दुर्भाग्यपूर्ण बा। हम अचिक कॉन्शियस होलिस्टिकली इंटीग्रेटेड क्रिमा (ACHIK) आ गारो हिल्स स्टेट मूवमेंट कमेटी (GHSMC) के प्रतिनिधियन के संगे बात कर रहल बानी। ओह  लोगन ले कुछ मांग बा। एह संगठनन के प्रतिनिधि लोग नइखे जानत कि हमलावर के हs। ई बाहर से आइल लोग रहे। हमलावरन के पता लगावल जा रहल बा।

साभार: दैनिक भास्कर

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.