Gopalganj Breaking : चुनाव करावे जा रहल जवानन के बस टकराइल, 2 के मौत

Share

गोपालगंज के पुलिस लाइन से चुनाव करावे सुपौल जाये के तइयारी कs रहल जवानन के संगे बड़ हादसा हो गइल। सड़क पs खड़ा जवानन के तीन गो बस के पीछे से आ रहल ट्रक टक्कर मार देलस। एमे पुलिस जवान पवन महतो आ अशोक उरांव के मौत हो गइल।

हादसा में 15 जवान गंभीर रूप से घायल बा। एगो जवान दु बसन के बीच में फंस गइल रहे। साथी सिपाही बतावल लो कि बस के ड्राइवर खाना खाये गइल रहे लो, एहिसे तीनो बस खड़ा रही सs। एही दौरान पीछे से आ रहल ट्रक जोरदार टक्कर मरलस आ बाकी बसन से आपस में टकरा गइल। जवना से हादसा भइल।

एसपी स्वर्ण प्रभात कहलें कि घटना में हमनी के दुगो जवान के मौत भइल बा। करीब 15 जवान घायल भइल बा लो। दु लोगन के रेफर कइल गइल बा। फिलहाल हालात सामान्य बा। सब लोग चुनाव करावे सुपौल जात रहे।

जानकारी के अनुसार जवानन के बस सिधवलिया थाना क्षेत्र के NH-27 पs खड़ा रहे। फिलहाल घायलन के इलाज सदर अस्पताल में जारी बा।

साभार: दैनिक भास्कर

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-