[the_ad_group id="30365"]

36 घंटा से जलत बा नैनीताल के जंगल, आग बुझाए में जुटल बा भारतीय सेना के MI-17 हेलीकॉप्टर

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

नैनीताल के जंगल में लागल आग बुझावे खातिर भारतीय वायुसेना के एमआई-17 हेलीकाप्टर के मदद लिहल जा रहल बा।  शनिचर के दिने ई हेलीकाप्टर भीमताल झील से पानी भर दिहलस आ ओकरा मदद से जंगल में लागल आग पर काबू पावे के कोशिश कइल जाई.  नैनीताल के जंगल में आग लगला के 36 घंटा हो गईल बा, लेकिन अबे ले वन विभाग एकरा के काबू में ना पवलस।  एही कारण से वन विभाग भारतीय सेना अवुरी भारतीय वायुसेना से मदद मंगले बा। ई आग अबहीं ले नैनीताल में कई हेक्टेयर में फइलल जंगल राख हो गइल बा।

जंगल में लागल आग अब आवासीय क्षेत्र तक पहुंच गईल बा।  एही कारण से एकरा के काबू में राखे खातिर सेना के मदद लिहल जा रहल बा सुरक्षा के ध्यान में राखत।  नैनी झील में नाव चलावे पs रोक लगा दिहल गइल बा.  नैनीताल मंडल वन अधिकारी चंद्रशेखर जोशी आग बुझावे खातिर फॉरेस्ट रेंजर से 40 जवान आ दू गो वन रेंजर के तैनाती कइल गइल बा।

हाईकोर्ट कॉलोनी में आग के लपट पहुंचल

नैनीताल हाईकोर्ट कालोनी ले पहुंचल आग के लपट।  नैनीताल भवाली रोड के पाइंस जंगल में आग लगला के चलते पूरा सड़क धुआं से ढंकल बा। आईटीआई भवन में भी आग लाग गईल बा।  पिछला 24 घंटा में उत्तराखंड में आग लागे के 31 गो नया मामिला सामने आइल बा। 33.34 हेक्टेयर जंगल जरा के राख हो चुकल बा। शुक के दिने रुद्रप्रयाग में जंगल में आग लगावे के कोशिश करत तीन लोग के गिरफ्तार कs लिहल गइल।  उत्तराखंड के मुख्यमंत्री पुष्कर सिंह धामी सभ अधिकारी के सतर्क रहे अवुरी सुरक्षा खातीर हर जरूरी कदम उठावे के निर्देश देले बाड़े।  एकरा संगे उs सभ विभाग के अधिकारी से तालमेल बनवले राखे के कहले बाड़े।

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]