पेरू में बस हादसा, 25 के मौत : 200 मीटर गहिराह खाई में गिरल बस, नीचे नदी में बहल कइयन गो यात्री, तलाश जारी

Share

साउथ अमेरिका के पेरू में सोमार के खाई में बस गिरला से 25 लोगन के मौत हो गइल बा। हादसा में 12 से जादे लोग घायल भइल बा। बस में 50 से जादे लोग सवार रहे। घटना उत्तरी पेरू में भइल। मीडिया रिपोर्ट्स के मोताबिक, बस लगभग 200 मीटर (लगभग 650 फीट) गहिराह खाई में गिरल। नीचे नदी रहे। कइयन यात्री एमे बह गइल लो, जेकर तलाश कइल जा रहल बा।

रेस्क्यू वर्कर आ फायरफाइटर्स घटनास्थल पs मवजूद बा लो। सब घायलन के अस्पताल में भर्ती करावल गइल। ओहिजा लोकल प्रशासन इलाका में 48 घंटा के शोक के घोषणा कइल गइल बा। ओहिजा, अधिकारी हादसा के वजह के जांच कs रहल बा लो।

पेरू में पिछला साल सड़क हादसन में तीन हजार से जादे मौत

पेरू में अक्सर अइसन एक्सीडेंट के खबर सामने आवत रहेला। मीडिया रिपोर्ट्स के मोताबिक, एकर वजह खराब सड़क, ट्रैफिक सिस्टम के कमी, प्रशासन के लापरवाही आ लोगन के तेज स्पीड में गाड़ी चलावल बा। पिछला साल सड़क हादसन में 3100 लोगन के मौत भइल बा।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-