नई दिल्ली। वित्त मंत्री निर्मला सीतारमण संसद में बजट 2026-27 पेश कs रहल बाड़ी। उनका भाषण पs पूरा देस के नजर टिकल बा। एह बजट से आम लोग, बेयपारी, हेल्थ सेक्टर आ शेयर बाजार के बहुते उम्मीद बा।
वित्त मंत्री निर्मला सीतारमण अपना भाषण के सुरुआत में कहली कि ग्लोबल अनिश्चितता के बादो मजबूत बजट पs फोकस कइल गइल बा। एह साल के बजट में खास तौर पs युवा शक्ति पs जोर दिहल गइल बा।
वित्त मंत्री कहली, “सरकार के डेग से 7 प्रतिशत विकास दर हासिल भइल बा आ गरीबी घटावे में मदद मिलल बा। भारत के वैश्विक बाजार से जुड़ल बहुते जरूरी बा।”
ऊ कहली, “आर्थिक विकास के लगातार आ तेज बना के रखे खातिर सरकार के सबसे बड़ कर्तव्य बा।”
बजट में कवना बात पs खास धेयान?
- मैन्युफैक्चरिंग में तेजी
- चैंपियन एमएसएमई के निर्माण
- इन्फ्रास्ट्रक्चर के विकास
- दीर्घकालिक ऊर्जा सुरक्षा
- स्वास्थ्य सेवा खातिर रणनीति
मुख्य घोषणा का रहल?
2025 में रेयर परमानेंट मैग्नेट योजना सुरू भइल रहे। अब एकरा के आगे बढ़ावत खनिज संपन्न राज्यन के मदद कइल जाई। पांच राज्यन में रेयर अर्थ मिनरल खातिर डेडिकेटेड कॉरिडोर बनावल जाई।
एकरा अलावे EMS PLI योजना के आवंटन 20 हजार करोड़ से बढ़ा के 40 हजार करोड़ रुपिया कइल जाई। इंडिया सेमीकंडक्टर मिशन के तहत उपकरण आ सामग्री उत्पादन आ सप्लाई चेन मजबूत करे खातिर ISM 2.0 सुरू कइल जाई।
- पांच साल में बायोफार्मा सेक्टर में 10 हजार करोड़ रुपिया के निवेश
- दुर्लभ खनिज खातिर विशेष कॉरिडोर बनावल जाई
- आंध्र प्रदेश, केरल, तमिलनाडु आ ओडिशा में कॉरिडोर बनी
- कैंसर आ डायबिटीज के दवाइयां सस्ता होई
- टेक्सटाइल पार्क स्थापित करे के एलान
- महात्मा गांधी हैंडलूम योजना सुरू कइल जाई
- वस्त्र उद्योग सेक्टर में सुधार कइल जाई
- एह से बुनकरन के सीधा फायदा मिली
Read Also : U19 World Cup : सुपर सिक्स में आज भारत आ पाकिस्तान के बीच महामुकाबला, जानीं कब-कहां आ कइसे देखल जा सकी मैच









