नेपाल में एगो बड़ हादसा टल गइल। हजारन फीट के ऊंचाई पs अचानक विमान में आग लाग गईल। विमान में आग लगला के बाद काठमांडू के त्रिभुवन अंतर्राष्ट्रीय हवाई अड्डा पs VOR लैंडिंग चाहे मैनुअल लैंडिंग करे के पड़ल। विमान में चालक दल के सदस्य समेत 76 यात्री रहले। वीओआर लैंडिंग पायलट लोग खातिर ग्राउंड-बेस्ड रेडियो स्टेशन के सिग्नल के इस्तेमाल से हवाई जहाज के नेविगेट करे आ लैंड करे के तरीका हवे जेकरा के वीओआर (वेरी हाई फ्रीक्वेंसी ऑम्निडायरेक्शनल रेंज) कहल जाला।
STORY | Buddha Air flight makes emergency landing at Nepal's Tribhuvan International Airport
— Press Trust of India (@PTI_News) January 6, 2025
READ: https://t.co/Aee14z6l8k pic.twitter.com/t68AFKXAbk
घायल होखे के कवनो खबर नइखे
फिलहाल केहु के घाही होखे के कवनो जानकारी नईखे। त्रिभुवन अंतर्राष्ट्रीय हवाई अड्डा एगो बयान जारी कs के एह आपातकालीन लैंडिंग के संबंध में जानकारी देले बा। स्थानीय समय के अनुसार सबेरे 10:37 बजे विमान उड़ान भरलस। टेकऑफ के कुछ देर बाद विमान के बायां इंजन में आग लाग गईल। एकर वीओआर लैंडिंग त्रिभुवन अंतर्राष्ट्रीय हवाई अड्डा पs सबेरे 11.15 बजे भइल.
इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: सरीर के फिट राखे खातीर रोज करीं इs 3 गो योगासन