[the_ad_group id="30365"]

प्रशांत किशोर के वैनिटी वैन जब्त, पुलिस जांच खातीर परिवहन विभाग ले गइल

प्रशांत किशोर के वैनिटी वैन जब्त
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बीपीएससी के परीक्षा विवाद के लेके पटना में आमरण अनशन पs रहले जनसुराज पार्टी के नेता प्रशांत किशोर के गिरफ्तार कs लिहल गईल बा। पटना पुलिस देर रात उनुका के विरोध स्थल से गिरफ्तार कs लिहलस, जवना के बाद उनुकर समर्थक नाराजगी जतवले। जनसुराज पार्टी के समर्थकन के आरोप बा कि प्रशांत किशोर के भी पिटाई भईल बा। एकरा संगे पुलिस प्रशांत किशोर के वैनिटी वैन के भी जब्त कs लेले बिया, जवना खातीर पछिला कई दिन से उनुका के निशाना बनावल जात रहे।

वैन के परिवहन कार्यालय ले आवल गईल

प्रशांत किशोर बिहार पीएससी परीक्षा रद्द करे के मांग करत आमरण अनशन पs रहले।  एह दौरान प्रशांत किशोर के वैनिटी वैन पटना के गांधी मैदान में विरोध स्थल के लगे खड़ा रहे।  सोमार के सबेरे जन सुराज नेता के गिरफ्तारी के बाद वैनिटी वैन के शहर पुलिस जब्त कs के जांच खातीर जिला परिवहन कार्यालय में ले आवलस।

पुलिस प्रशांत किशोर- जनसुराज के थप्पड़ मार दिहलस 

जनसुराज पार्टी एगो प्रेस विज्ञप्ति जारी कs के पुलिस पs गंभीर आरोप लगवले बिया। पार्टी के मुताबिक पुलिस जबरन प्रशांत किशोर के उठा के अस्पताल ले गईल।  प्रेस विज्ञप्ति के मुताबिक पुलिस उनुका के थप्पड़ भी मार देलस।  जानकारी के मुताबिक प्रशांत किशोर के हिरासत में लेला के बाद पुलिस उनुका के एम्स ले गईल।  जानकारी के मुताबिक पुलिस केहु के गांधी मैदान जाए पs रोक लगा देले बिया।


इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: हर रोज एs समय खाई अमरूद, कब्ज के साथे सेहत से जुड़ल कई समस्या से मिली छुटकारा

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]