BSNL Director Protocol Controversy : तौलिया, अंडरवियर आ कंघी-शीशा… अफसरन खातिर शाही इंतजाम के ऑर्डर देवे वाला ‘बंजल साहब’ पs गिर सकेला गाज

Share

नई दिल्ली। केंद्रीय संचार मंत्री ज्योतिरादित्य सिंधिया बीएसएनएल के डायरेक्टर विवेक बंजाल के खिलाफ कार्रवाई के आदेस देलें। ई कार्रवाई उत्तर प्रदेश के प्रयागराज दौरा खातिर तय कइल गइल प्रोटोकॉल के लेके उठल बड़ विवाद के बाद कइल गइल बा।

मंत्री बतवलें कि ममिला उनका संज्ञान में ले आवल गइल रहल आ ऊ एह घटना के “गलत, नामंजूर आ चउकावे वाला” बतवलें। डायरेक्टर बंजल के खिलाफ शो-कॉज नोटिस जारी कइल गइल बा आ सात दिन के भीतर जवाब मांगल गइल बा। जवाब के आधार पs आगे के कार्रवाई कइल जाई। सरकार साफ कह देलें कि एह ममिला के हल्का में ना लिहल जाई।

सिंधिया का कहलें?

सिंधिया कहलें, “हम साफ कs दीं कि ई गलत बा आ पहिले से बनल नियम आ परंपरा के उल्लंघन हs। ई हमरा मंजूर नइखे। 21वीं सदी में अइसन बरताव ठीक नइखे। ई सच में चउकावे वाला बा। डायरेक्टर के सात दिन के जवाब के संगे शो-कॉज नोटिस जारी हो चुकल बा। सही कार्रवाई कइल जाई।”

का बा पूरा ममिला?

आधिकारिक आदेस के मोताबिक, बीएसएनएल बोर्ड के डायरेक्टर (CFA) विवेक बंजल 25-26 फरवरी के प्रयागराज आवे वाला रहलें। बाकिर आदेस वायरल होखतही उनकर दौरा रद्द कs दिहल गइल। एह आदेस में करीब 50 अधिकारी लोग के 20 गो अलग-अलग काम सउपल गइल रहे।

आदेस पs काहे मचल बवाल?

आदेस में लिखल रहे कि प्रयागराज पहुंचला पs बंजल संगम में स्नान करिहें, नाव के सवारी करिहें आ बड़ हनुमान मंदिर, अक्षयवट आ पातालपुरी मंदिर में दर्शन करिहें। ‘स्नान किट’ में तौलिया, अंडरवियर, चप्पल (ऑफिस ऑर्डर में ‘स्लीपर’ लिखल रहे), कंघी, शीशा आ तेल के बोतल सामिल रहे। घाट पs आम इस्तेमाल खातिर बेडशीट के इंतजाम करे के निरदेसो रहे।

एतने ना, होटल आ सर्किट हाउस में ड्राई फ्रूट बाउल, फ्रूट बाउल, शेविंग किट, तौलिया, टूथपेस्ट, ब्रश, साबुन, शैम्पू, कंघी आ तेल तक के बेवस्था के आदेस दिहल गइल रहे। एह ‘शाही इंतजाम’ वाला आदेस के सामने आवतही भारी विवाद खड़ा हो गइल।

Read Also: IT Raid : उत्तर प्रदेश में बसपा के इकलौता विधायक उमाशंकर सिंह के आवास आ ठिकानन पs आईटी विभाग के छापा

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-