Gorakhpur News: बीआरडी मेडिकल कॉलेज के हॉस्टल में जूनियर डॉक्टर के संदिग्ध मौत, मचल हड़कंप

Share

गोरखपुर। बीआरडी मेडिकल कॉलेज के एनेस्थीसिया विभाग के 32 वर्षीय जूनियर रेजीडेंट (जेआर-3) सौ सीटेट पीजी ब्वायज हॉस्टल में अपना कमरा में मृत मिलल। मृतक के पहचान अबिषो डेविड के रुप में भइल। उ अबिविला, पामपडुमकुझी, पालूरकोनाम, परास्सला, तिरुअनंतपुरम केरल के रहे वाला रहे। कमरा के दरवाजा अंदर से बंद रहे।

दरवाजा तुड़ के डॉक्टर आ कर्मचारी अंदर गइल लो, त उ बेड पऽ मृत मिलल। ई पता ना चल पावल कि ओकर मउत स्वाभाविक रहे भा उ आत्महत्या कइले रहे। पोस्टमार्टम के बादे ई स्पष्ट हो सकी। काहे की कवनो सुसाइट नोट नइखे मिलल। हालांकि कुछ लोगन के कहनाम बा कि सुसाइट नोट पुलिस कस्टडी में ले लेले बा बाकिर पुलिस एकरा से इन्कार करत बिया। एकर सूचना जिलाधिकारी आ वरिष्ठ पुलिस अधीक्षक के दिहल गइल बा।

बतावल जात बा कि सबेरे 9:30 बजे तक अबिषो डेविट विभाग में ना पहुंचल तs विभागाध्यक्ष डॉ. सतीश कुमार के निरदेस पऽ कर्मचारी उनका के बुलावे खातिर हॉस्टल गइल। उ विभागाध्यक्ष के बतावल कि कमरा अंदर से बंद बा, बुलवला पऽ कवनो उत्तर नइखे मिलत। एकरा बाद विभागाध्यक्ष कुछ डॉक्टर आ कर्मचारियन के दरवाजा तुड़े के निरदेस देलें आ स्वयं हॉस्टल में पहुंचले।

दरवाजा तुड़ल गइल त अबिषो के शव बेड पऽ पड़ल रहे। प्राचार्य डॉ. रामकुमार जायसवाल सहित कइयन गो चिकित्सक शिक्षक मवका पऽ पहुंच गइल लो। गुलरिया थाना के पुलिस मवका पऽ मवजूद रहे। फोरेंसिंक टीम के बुलावल गइल ।

बीआरडी मेडिकल कालेज में अफरा-तफरी के माहौल हो गइल। सब चिकित्सक आ छात्र हास्टल पऽ पहुंच गइल लो। मरीजन के तीमारदार ले जुट गइल लो।

विभागाध्यक्ष डॉ. सतीश कुमार कहलें कि अभी कुछ स्पष्ट नइखे बा कि मौत सामान्य हs कि आत्महत्या के मामला हs। एकर जांच कइल जात बा। डीएम आ एसएसपी के एकर सूचना दे दिहल गइल बा। पुलिस मवका पऽ पहुंच गइल। फोरेंसिंक टीम के बुलावल गइल, ओकरा जांच के बाद शव के पोस्टमार्टम के खातिर भेजल जाई। जूनियर रेजीडेंट के घरे सूचना दे दिहल गइल बा।

Read Also: Axiom-4 Mission: अंतरिक्ष से धरती पs 14 जुलाई के लवटिहें शुभांशु शुक्ला, नासा कइलस एलान

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-