[the_ad_group id="30365"]

गुरुग्राम: टेनिस खिलाड़ी राधिका यादव के गोली मारके हत्या, पिता देलें घटना के अंजाम; वजह आइल सामने

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

गुरुग्राम। पूर्व नेशनल टेनिस खिलाड़ी 25 साल के राधिका यादव के उनकर पिता बियफे के दुपहरिया तीन गोली मार के हत्या कs देलें। राधिका यादव डेढ़ महीना पहिले आपन टेनिस अकेडमी सुरू कइले रहलें। घर के बाहर निकलला पs इनका पिता के लोग ताना मारत रहे कि उ बेटी के अकेडमी ले कमाई खात हवे। ह पऽ पिता आ बेटी के बीच अकेडमी बंद करे के लेके 15 दिन से झगड़ा चलत रहे। बियफे के दुपहरियाया झगड़ा बढ़ला पऽ उ एह वारदात के अंजाम देलें।

सेक्टर 56 थाना पुलिस शव के सबसे पहिले पोस्टमार्टम खातिर भेजके हत्या के धारा में केस दर्ज कs लिहल। संगही सेक्टर 57 इस्थित घर से आरोपित पिता के गिरफ्तार कs के पिस्टल बरामद कs लिहल। सुक के आरोपित पिता के कोर्ट में पेश कइल जाई। फिलहाल इनका से पूछताछ कइल जा रहल बा।

पुलिस के मोताबिक राधिका नेशनल लेवल के प्लेयर रहली। उ कइयन गो मेडल जीतले रहली, बाकिर डेढ़ साल पहिले उनका कान्ह में खेलत घरी चोट लाह गइल रहे। एह चलते उ खेलल बंद कs देले रहली।

पिता दीपक यादव अकेडमी चलावे के खिलाफ रहस

राधिका के पिता दीपक यादव एह अकेडमी के चलावे के खिलाफ रहलें। राधिका एकरा के लेके अपने पिता के कइयन बेर समझावे के कोसिस कइली। बाकिर उनकर कहनाम रहे कि जब उ घर से बहरे निकलस तs गांव के लोग कहत रहे कि उ अपना लईकी क कमाई खात बाड़ें। एकरा चलते उ बहुते परेसान रहस। एही बात के ले के करीब 15 दिन से घर में पिता आ बेटी के बीच झगड़ा होत रहे।

पिता कवनो बाती पऽ जल्दी होत रहस गुस्सा

बतावल इहो जात बा कि इनकर पिता कवनो बात पऽ बहुत जल्दी गुस्सा होत जात रहस। बियफे के सबेरे दुनो में एही बात के ले के झगड़ा भइल। सबेरे करीब 11 बजे राधिका किचन में खाना बनावत रही, एही दौरान पिता लाइसेंसी पिस्टल से बेटी के पीठ पऽ तीन गोली मरलें। ओ समय घर में राधिका के भाई, मा आ नीचे के फ्लोर पऽ चाचा कुलदीप के परिवार मजूद रहे।

भाई, चाचा आ आउर लोग गंभीर घायल अवस्था में राधिका के मेरिंगो एशिया अस्पताल ले गइल। जहां इलाज के दौरान दुपहरिया बादे उनकर मौत हो गइल। मेरिंगो अस्पताल से थाना पुलिस के हत्या के जानकारी मिलल। पिता दीपक यादव बिल्डिंग बना के ओके किराया पऽ देले के काम बा।

Read Also: यूपी पंचायत चुनाव: राज्य चुनाव आयोग के निरदेस, एक परिवार के सब मतदाता के होखे एक पोलिंग बूथ

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]