[the_ad_group id="30365"]

BPSSC Results: बिहार पुलिस एसआई आ सार्जेंट भर्ती के फाइनल रिजल्ट जारी, अइसे देखीं चयन सूची

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Bihar Police SI Sergeant Result Out: बिहार पुलिस अधीनस्थ सेवा आयोग (BPSSC) भर्ती 2022 के तहत एसआई आ सार्जेंट परीक्षा के परिणाम जारी कs दिहल गइल बा। बीपीएसएससी 14 जुलाई के आधिकारिक वेबसाइट- bpssc.bih.nic.in पs उम्मीदवारन के अंतिम चयन सूची जारी कइले बा।

 

बीपीएसएससी ओह उम्मीदवारन के अंतिम चयन सूची जारी कs देले बा, जे चयन प्रक्रिया के तहत दस्तावेज सत्यापन दौर सहित सब लेवल के क्वालीफाई कइले बा। एह भर्ती अधिसूचना के तहत बीपीएसएससी पुलिस सब इंस्पेक्टर, एसआई पद खातिर 1998 आ सार्जेंट पद खातिर 215 उम्मीदवारन के शॉर्टलिस्ट कइले रहे। उम्मीदवार आधिकारिक वेबसाइट पs परिणाम के जांच कs सकत बाड़े।

Bihar Police SI Result कइसे करीं चेक?

  1. सबसे पहिले आधिकारिक वेबसाइट- bpssc.bih.nic.in पs जाई।
  2. इहां होम पेज पs लउके वाला बिहार पुलिस में सब-इंस्पेक्टर/ सार्जेंट के अंतिम चयन सूची के लिंक पs क्लिक करीं।
  3. अब बीपीएसएसआई रिजल्ट पीडीएफ फाइल 2022 स्क्रीन पs खुल जाई।
  4. अब नीचे स्क्रॉल करीं आ आपन रोल नंबर चेक करीं।
  5. भविष्य खातिर रिजल्ट के पीडीएफ के प्रिंट आउट ले लीं।

शॉर्टलिस्ट उम्मीदवारन के चयन पत्र जल्दी होई अपलोड

बिहार पुलिस अधीनस्थ सेवा आयोग (BPSSC) जल्दिये आधिकारिक वेबसाइट पs शॉर्टलिस्ट कइल गइल उम्मीदवारन के चयन पत्र के अपलोड करी। उम्मीदवारन के सलाह दिहल जात बा कि ऊ नवीनतम अपडेट खातिर आधिकारिक वेबसाइट देखत रहीं। बीपीएसएससी 26 दिसंबर, 2021 के एसआई आ सार्जेंट भर्ती परीक्षा आयोजित कइले रहे आ 6,08,736 छात्र परीक्षा में शामिल भइल रहे लो, जेमे से 47,900 उम्मीदवारन के पीईटी राउंड खातिर शॉर्टलिस्ट कइल गइल रहे। 14,856 उम्मीदवार पीईटी राउंड क्वालीफाई कइल गइल रहे।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]