Boxing: निशांत देव हासिल कइलें पेरिस ओलंपिक कोटा, अइसन करे वाला पहिला पुरुष मुक्केबाज बनलें

Share

निशांत देव (71 किग्रा) सुक के मुक्केबाजी ओलंपिक क्वालीफायर के सेमीफाइनल में पहुंचके पेरिस ओलंपिक खेलन खातिर कोटा हासिल करे वाला पहिला भारतीय पुरुष मुक्केबाज बन गइलें। विश्व चैंपियनशिप के कांस्य पदक विजेता जे पिछला क्वालिफायर में ओलंपिक बर्थ से चूक गइल रहस, ऊ क्वार्टर फाइनल में मोल्दोवा के वासिल सेबोटारी के 5-0 से हराके कोटा हासिल कइलें।

ई भारत के चौथा कोटा स्थान हs, जेमे महिला मुक्केबाज निकहत जरीन (50 किग्रा), प्रीत पवार (54 किग्रा) आ लवलीना बोरगोहेन (75 किग्रा) पहिलही ही पेरिस खातिर अ आपन रास्ता सुरक्षित कs चुकल बा लो। 71 किग्रा भार वर्ग में पांच कोटा उपलब्ध हो गइल बा। देव पूरा टूर्नामेंट में हावी रहलें। ऊ सानदार सुरुआत कइलें।

अंकुशिता बोरो ना बना सकली जगह 

क्वालिफायर्स में सुक के इहां स्वीडन के एग्नेस एलेक्सियसन से 2-3 से हार के संगही भारत के महिला लोगन के 60 किग्रा भार वर्ग में ओलंपिक कोटा हासिल करे के उम्मीदो समाप्त हो गइल। भारत के 23 साल के खिलाड़ी अपना स्वीडिश प्रतिद्वंदी के सामने कड़ा चुनौती पेश कइली बाकिर यूरोपीय खेलन के पूर्व पदक विजेता खिलाड़ी अपना अनुभव के दम पर बोरो के बाहर के रास्ता देखा देलस।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-