[the_ad_group id="30365"]

बोरिस जॉनसन बनल रहिहें ब्रिटेन के प्रधानमंत्री, 211 वोट के साथे जीतले विश्वास मत

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

ब्रिटेन के प्रधानमंत्री बोरिस जॉनसन के कुरसी पs मंडरा रहल खतरा फिलहाल टल गइल बा। 211 सांसदन के वोट के संगे ऊ विस्वास प्रस्ताव जीत लेले बाड़े। खास बात ई बा कि जॉनसन सरकार बढ़त महंगाई आ पार्टीगेट स्कैंडल के चलते विवाद में घिरल बिया। खास बात इहो बा कंजरवेटिव पार्टी के मवजूदा नियमन के मोताबिकक, एह जीत के साथे जॉनसन के कम से कम 12 महीना ले कवनो आउर अविश्वास प्रस्ताव के सामना ना करे के होई।

अविश्वास प्रस्ताव खातिर 359 वोट डालल गइल रहे। एमे 148 के मुकाबले जॉनसन 211 मत के साथे जीत दर्ज कs लेले बाड़े। कोविड लॉकडाउन के दौरान 10 डाउनिंग स्ट्रीट पs पार्टी कइला के बाद कंजर्वेटिव पार्टी के 40 से जादे सांसद लो पीएम जॉनसन के इस्तीफा के मांग कइले रहे लो।

अविश्वास प्रस्ताव के सामना करे खातिर जॉनसन के 180 कंजर्वेटिव सांसदन के वोट के जरूरत रहे। ब्रिटिस संसद में कुल 359 सांसद बा लो। एह अहम मतदान से पहिले पीएम जॉनसन समर्थन हासिल करे के कोसिस में दर्जनन सांसद के संबोधित कइले रहस। पार्टीगेट स्कैंडल के चलते जॉनसन के अपना पार्टी पs खासा असर पड़ल बा।

गौर करे आला बात बा कि डाउनिंग स्ट्रीट (प्रधानमंत्री आवास) में जून 2020 में आयोजित एगो जन्मदिन पार्टी में कोविड-19 लॉकडाउन संबंधी नियमन के उल्लंघन के आरोप के लेके 40 से बेसी सांसद जॉनसन के इस्तीफा के मांग कइले रहे लो। ममिला लमहर समय से चर्चा में बनल बा आ शीर्ष सिविल सेवक सू ग्रे के नेतृत्व में कइल गइल जांच के विफलता के लेके कइयन हो सवाल उठावल गइल बा।

स्कॉटलैंड यार्ड जांच के बाद जारी रिपोर्ट में कहले रहे कि कोरोना वायरस के प्रसार के नियंत्रित करे खातिर 2020-2021 के लॉकडाउन के दौरान सरकारी कार्यालयन के भीतर दल नियमन के उल्लंघन कइलस। जॉनसन आ उनकर पत्नी कैरी पs जून 2020 में डाउनिंग स्ट्रीट के कैबिनेट रूम में लॉकडाउन नियमन के उल्लंघन करत जन्मदिन के पार्टी आयोजित करे खातिर जुर्मनो लगावल गइल रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]