[the_ad_group id="30365"]

सुप्रीम कोर्ट में जज बनलें बॉम्बे हाईकोर्ट के चीफ जस्टिस दीपांकर दत्ता, CJI चंद्रचूड़ दियवलें शपथ

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बॉम्बे हाईकोर्ट के चीफ जस्टिस जज दीपांकर दत्ता आजु सुप्रीम कोर्ट के जज के तौर पर शपथ ले लिहलें। सीजेआई डीवाई चंद्रचूड़ उनके पद अउर गोपनीयता के शपथ दियवलें। दत्ता के शपथ लेहलें के सथही शीर्ष अदालत में न्यायाधीशन के संख्या 28 हो गइल बा। भारत के मुख्य न्यायाधीश सहित सर्वोच्च न्यायालय में कुल 34 जज हो सकतनें।

के हवे जस्टिस दीपांकर दत्ता?

जस्टिस दत्ता के जनम 9 फरवरी 1965 के भइल रहे। जस्टिस दत्ता एह साल 57 साल के हो गइलें। उनकर कार्यकाल 8 फरवरी 2030 ले रही। सुप्रीम कोर्ट में रिटायर भइला के उमिर 65 बरिस बा। उनके नाम के सिफारिश पिछले साल सितंबर में तत्कालीन न्यायमूर्ति यूयू ललित (सेवानिवृत्त) के अध्यक्षता वाले कॉलेजियम कइले रहल।

कलकत्ता उच्च न्यायालय के पूर्व न्यायाधीश स्वर्गीय सलिल कुमार दत्ता के बेटा अउर सर्वोच्च न्यायालय के पूर्व न्यायाधीश रहल न्यायमूर्ति अमिताव रॉय के बहनोई न्यायमूर्ति दत्ता एहसे पहिले बॉम्बे हाईकोर्ट में मुख्य न्यायाधीश के पद पर रहलें।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]