नई दिल्ली। देस के कइयन हिस्सन में बियफे के दिन अदालतन के बम से उड़ावे के धमकी मिलला से जबरदस्त हड़कंप मच गइल। ई धमकी ई-मेल के जरिए भेजल गइल, जवना में बिहार, मध्य प्रदेश, छत्तीसगढ़, ओडिशा, हिमाचल प्रदेश आ पंजाब के कइयन गो जिला अदालत आ हाईकोर्ट सामिल रहे। खबर मिलतही सुरक्षा एजेंसी हरकत में आ गइली सs आ अदालत परिसर खाली करावल गइल।
सबसे पहिले मध्य प्रदेश के रीवा जिला कोर्ट आ छत्तीसगढ़ के बिलासपुर आ राजनांदगांव जिला अदालत के ई-मेल पर बम धमाका के धमकी मिलल। एह सूचना के बाद पुलिस, बम निरोधक दस्ता आ डॉग स्क्वॉड कोर्ट परिसर में पहुंच के चप्पा-चप्पा तलाशी सुरू कइलस। हालांकि अभी तक कहीं से कवनो संदिग्ध सामान मिलला के आधिकारिक पुष्टि नइखे भइल।
बिहार के कइयन गो जिला अदालतन में हालात गंभीर रहे। पटना, गया आ किशनगंज जिला कोर्ट में बम होखे के धमकी मिलतही पूरा सिविल कोर्ट परिसर खाली करावल गइल। पटना में धमकी भरल मेल में कोर्ट परिसर में RDX लगावे के दावा कइल गइल रहे। जिला जज के आदेस पs जज, वकील, कर्मचारी आ आम लोगन के सुरक्षित बाहर निकालल गइल। पीरबहोर थाना पुलिस, जिला प्रशासन आ सुरक्षा एजेंसी जांच में जुट गइली सs।
ओडिशा हाईकोर्ट के ऑफिशियल ई-मेल पs बम धमाका के धमकी मिलल। एहतियातन हाईकोर्ट परिसर खाली करावल गइल आ डॉग स्क्वॉड के संगे सर्च ऑपरेशन चलावल गइल। एकरा से कोर्ट में कुछ देर खातिर अफरा-तफरी के माहौल बन गइल।
हिमाचल प्रदेश हाईकोर्ट के ई-मेल पs बम से उड़ावे के धमकी मिलल। पुलिस आ बम डिफ्यूज स्क्वॉड तुरंत पहुंच के कोर्ट परिसर के गहन जांच कइलस। सब स्टाफ आ वकील लोग बाहर निकल गइल। जांच के बाद फिलहाल कवनो खतरा ना होखला के बात सामने आइल।
पंजाब में रूपनगर, श्री आनंदपुर साहिब, फिरोजपुर आ मोगा जिला कोर्ट में बम धमकी के खबर से हड़कंप मच गइल। पुलिस प्रशासन तुरंत कोर्ट खाली कराके सुरक्षा बढ़ा दिहलस। लुधियाना में एहतियातन मॉक ड्रिल करावल गइल।
पुलिस के मोताबिक, ई-मेल भेजे वाला के पहचान आ लोकेशन पता करे खातिर साइबर सेल जांच कs रहल बा। सुरुआती जांच में ई दहशत फइलावे के साजिशो हो सकेला, बाकिर सुरक्षा एजेंसी कवनो चूक ना करे के मूड में नइखी सs। जांच पूरा होखला के बादे पूरा सच सामने आई।
Read Also: UP News : “भाजपा एक करोड़ वोट बढ़वलस… नकली वोट बनावे वालन पs एफआईआर हो”, अखिलेश यादव के गंभीर आरोप






