UP News : “भाजपा एक करोड़ वोट बढ़वलस… नकली वोट बनावे वालन पs एफआईआर हो”, अखिलेश यादव के गंभीर आरोप

By Anurag Ranjan

Published on: Jan 8, 2026

लखनऊ। समाजवादी पार्टी के अध्यक्ष अखिलेश यादव यूपी में चल रहल विशेष गहन पुनरीक्षण (एसआईआर) के मुद्दा पs भाजपा पs कड़ा हमला बोलले बाड़ें। अखिलेश यादव कहलें कि अब तक जवन एसआईआर से पूरा देस

Share

Samajwadi Party chief Akhilesh Yadav addressing media over fake vote allegations in Uttar Pradesh SIR voter list

लखनऊ। समाजवादी पार्टी के अध्यक्ष अखिलेश यादव यूपी में चल रहल विशेष गहन पुनरीक्षण (एसआईआर) के मुद्दा पs भाजपा पs कड़ा हमला बोलले बाड़ें। अखिलेश यादव कहलें कि अब तक जवन एसआईआर से पूरा देस परेसान रहे, अब ओही से भाजपा के लोग घबरा गइल बा। उनकर आरोप बा कि भाजपा एक करोड़ से जादे फर्जी वोट बढ़वा देले बिया आ जवन लोग नकली वोट बनावे में सामिल बा, ओह लोगन पs एफआईआर दर्ज होखे के चाहीं।

अखिलेश यादव प्रदेश में एसआईआर के बाद राज्य निर्वाचन आयोग के ओर से जारी कइल गइल कच्ची मतदाता सूची पs प्रतिक्रिया देत कहलें कि भाजपा के लोग वोट बढ़ावे खातिर दबाव बनावत बा, काहे कि ओकर असली वोट कट गइल बा। उनकर कहनाम रहे कि भाजपा फर्जी वोट बनवले रहे, मतलब फर्जी वोट डालल गइल बा आ सबसे जादे वोट भाजपा के बूथ पर से निकलल बा।

सपा अध्यक्ष कहलें, “जवना एसआईआर से ई लोग पूरा देस के परेसान करत रहे, आज ओही एसआईआर से भाजपा खुद परेसान बिया। एहिसे ई लोग गुपचुप बैठक कs रहल बा। हमनी के उत्तर प्रदेश के जनता के धन्यवाद देत बानी सs, काहे कि आज सच्चाई सामने आ रहल बा। भाजपा एक करोड़ वोट बढ़वले बिया। अब सवाल ओही लोग पs उठ रहल बा। जवन लोग नकली वोट बनावत बा, ओह सभन पs सख्त कार्रवाई होखे आ एफआईआर दर्ज होखे के चाहीं।”

6 मार्च के जारी होई अंतिम मतदाता सूची

मतदाता सूची के विशेष गहन पुनरीक्षण अभियान के तहत जारी ड्राफ्ट वोटर लिस्ट पs उठ रहल सवालन के जवाब प्रदेश के मुख्य निर्वाचन अधिकारी (सीईओ) नवदीप रिणवा सोशल मीडिया प्लेटफॉर्म एक्स पs देलें बाड़ें। ऊ साफ कइले बाड़ें कि एसआईआर के अभी खाली सुरुआती चरण पूरा भइल बा आ 6 मार्च के जारी होखे वाली अंतिम मतदाता सूची अंतिम आ निर्णायक होई।

सीईओ नवदीप रिणवा बतवलें कि ड्राफ्ट मतदाता सूची में नाम होखल भा ना होखल अंतिम फैसला ना हs। असली महत्व अंतिम सूची के बा। ऊ मतदाता लोगन से अपील कइले बाड़ें कि अगर ड्राफ्ट लिस्ट में नाम नइखे दिख रहल, तs फॉर्म-6 भरके आपन नाम जुड़वा सकत बानी। जदि पुरान पता से नाम हट गइल बा आ नया पता पs अभी नइखे जुड़ल, तs एकरा के नाम कटल ना मानल जाई। सीधा फॉर्म-6 भरल जरूरी बा।

Read Also: Jharkhand Liquor Scam : एसीबी के कार्रवाई, गोवा से गिरफ्तार भइल कारोबारी नवीन केडिया

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.