Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Border 2: 27 साल बाद फेर फौजी बनके लवट रहल बाड़ें Sunny Deol, ‘बॉर्डर 2’ के पहिला अनाउंसमेंट वीडियो आइल सामने

900

Border 2 Announcement: जेपी दत्ता के निर्देशन में बनल साल 1997 में रिलीज भइल फिल्म ‘बॉर्डर’ के लोगन से बहुते प्यार मिलल। एह फिल्म में सनी देओल (Sunny Deol), अक्षय खन्ना, सुनील शेट्टी आ जैकी श्रॉफ सहित कइयन स्टार्स एक संगे दिखाई देले रहे लो। पिछला काफी समय से एकरा के लेके सीक्वल के लेके चरचा हो रहल बा।

अइसे में आज बियफे के अभिनेता अपना फैंस के एकरा से जुड़ल अपडेट दे देले बाड़ें। सनी देओल अपना सोशल मीडिया हैंडल पs फिल्म ‘बॉर्डर 2’ (Border 2) के अनाउंसमेंट वीडियो शेयर कs देले बाड़ें, जवना के देखला के बाद उनकर फैंस बहुते एक्साइटेड हो गइल बा लो।

27 साल बाद आई बॉर्डर के सीक्वल

जेपी दत्ता के फिल्म बॉर्डर आजे के दिन 13 जून के, 27 साल पहिले सिनेमाघरन में रिलीज भइल रहे। अइसन में एह मूवी के 27 साल पूरा होखला पs अभिनेता अपना सोशल मीडिया हैंडल इंस्टाग्राम पs एगो वीडियो शेयर कइले बा। एह वीडियो में बैकग्राउंड में एक्टर के आवाज सुनाई दे रहल बा, जेमे ऊ कहत सुनाई दे रहल बा कि 27 साल पहिले एगो फौजी वादा कइलस कि ऊ वापस आई। ओहि वादा के पूरा करे आ हिंदुस्तान के माटी के सलाम कहे आ रहल बा फेर से।

अनुराग सिंह करिहें निर्देशन

सनी देओल अनाउंसमेंट वीडियो में ‘बॉर्डर 2’ के भारत के सबसे बड़ युद्ध फिल्म बतवले बाड़ें। एकरा संगही अबकी बेर फिल्म के निर्माण भूषण कुमार, कृष्ण कुमार, जेपी दत्ता आ निधि दत्ता करी लो आ एकर निर्देशन अनुराग सिंह करे वाला बाड़ें।

फैंस दिहल लो रिएक्शन

अनाउंसमेंट वीडियो देखला के बाद फैंस एह पs आपन-आपन रिएक्शन देत नजर आ रहल बा लो। एगो यूजर लिखलस कि मजा आ जाई पाजी। दूसरका यूजर लिखलस कि एकरा खातिर बहुत उत्साहित बानी। तीसरका यूजर लिखलस कि वाह, बहुते बढ़िया घोषणा बा सर जी।

862150cookie-checkBorder 2: 27 साल बाद फेर फौजी बनके लवट रहल बाड़ें Sunny Deol, ‘बॉर्डर 2’ के पहिला अनाउंसमेंट वीडियो आइल सामने

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.