गोरखपुर के निकाय चुनाव के तइयारी के गति दीहें भाजपा प्रदेश अध्यक्ष, तीन दिन रहिहें एह क्षेत्र में
भाजपा के प्रदेश अध्यक्ष भूपेंद्र चौधरी नगर निकाय चुनाव के तैयारी के गति दीहें। एही सिलसिला में गोरखपुर क्षेत्र के तीन दिवसीय दौरा पs आ रहल बानें। ऊ गोरखपुर, बस्ती अउरी आजमगढ़ मंडल से जुड़ल दस जिला के पदाधिकारी अउरी जनप्रतिनिधियन के संगे बैठक क के चुनावी तैयारी के अंतिम रूप दीहें। प्रदेश में नगर निकाय चुनाव नवंबर चाहें दिसंबर में करावल जा सकsता।
प्रदेश अध्यक्ष बनले के बाद भूपेंद्र चौधरी पहिला बेर गोरखपुर क्षेत्र के बइठक में हिस्सा लीहें। भाजपा गोरखपुर क्षेत्र के दायरा गोरखपुर, बस्ती अउर आजमगढ़ मंडल के 10 जिला ले फइलल बा। प्रदेश अध्यक्ष बियफ़े के अटल बिहारी वाजपेयी प्रेक्षागृह आफिसर्स क्लब बस्ती में संतकबीरनगर, बस्ती अउर सिद्धार्थनगर के चुनावी तैयारी के समीक्षा करिहें। प्रदेश, क्षेत्र अउरी जिला स्तरीय पदाधिकारी, जनप्रतिनिधियन से एक-एक बिंदु के जानकारी लीहें। बस्ती स्थित सर्किट हाउस में कार्यकर्ता लोग से मुलाकात भी करिहें।
अगिले दिन यानी शुक्रवार के गोरखपुर अइहें अउरी क्षेत्रीय कार्यालय में कुशीनगर, महराजगंज, गोरखपुर अउरी देवरिया के पदाधिकारियन के संगे बइठक कsके चुनावी रणनीति बनइहें। क्षेत्रीय कार्यालय में ही जनप्रतिनिधियन से संवाद होई। गोरखपुर सर्किट हाउस में कार्यकर्ता लोग से मिलबो करिहें। प्रदेश अध्यक्ष शनिचर के आजमगढ़ जइहें। आजमगढ़ में स्वामी विवेकानंद के प्रतिमा पs माल्यार्पण अउरी प्रधानमंत्री नरेंद्र मोदी के जन्म दिन के उपलक्ष्य में आयोजित रक्तदान शिविर के शुभारंभ करिहें। मेहता पार्क में नमो प्रदर्शनी के उद्घाटन भी करे के बा।
ई लोग होई बैठक में शामिल
प्रदेश अध्यक्ष के बइठक में प्रदेश अउरी क्षेत्रीय पदाधिकारी, कार्यसमिति के सदस्य, जिला प्रभारी, जिलाध्यक्ष, महानगर अध्यक्ष, मंडल प्रभारी अउरी मंडल अध्यक्ष, समस्त मोर्चा के प्रदेश अउरी क्षेत्रीय पदाधिकारी, जिलाध्यक्ष अउरी जिला महामंत्री, स्थानीय निकाय अउरी सेवा पखवाड़ा के क्षेत्र अउरी जिला संयोजक, मीडिया, सोशल मीडिया अउरी आईटी के जिला टोली।
जनप्रतिनिधियन से भी करिहें संवाद
प्रदेश अध्यक्ष गोरखपुर अउरी बस्ती मंडल के जन प्रतिनिधियन से भी संवाद करिहें। जिला पंचायत अध्यक्ष, वर्तमान अउरी पूर्व सांसद, विधायक, मेयर, चेयरमैन नगरीय निकाय अउरी ब्लॉक प्रमुखन के संगे बइठक कsके रणनीति बनइहें।
Comments are closed.