[the_ad_group id="30365"]

जेल से बाहर अइले के बाद बिहार के सियासत में सक्रिय भइलें लालू यादव, राष्ट्रीय अध्यक्ष बनलें के दौड़ में सबसे आगे

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

राष्ट्रीय जनता दल के सुप्रीमो लालू प्रसाद यादव जेल से जमानत मिलले के बाद  राजनीति में सक्रिय हो रहल बानें। चारा घोटाला के मामिला में जेल में बंद लालू जमानत मिलले के बाद बुध के पहिला बेर पटना के वीरचंद पटेल स्थित पार्टी दफ्तर पहुंचलें। पिता के अइले के सूचना पर उप मुख्यमंत्री तेजस्वी यादव, नेता अउरी कार्यकर्ता लोग उनके पार्टी के गेट पर रिसीव कइल।

लमहर अरसा बाद पार्टी ऑफिस पहुंचला पs नेता अउर कार्यकर्ता लोग उनकर जोरदार स्वागत कइल। एह मौका पर आरजेडी के  प्रदेश अध्यक्ष जगदानंद सिंह भी पार्टी ऑफिस में मौजूद रहलें। एह दौरान उ  नेता अउरी कार्यकर्ता लोग से पार्टी मजबूत कइले के बात कहलें। उनके पार्टी  दफ्तर पहुंचने के खबर  मिलतही पर कार्यकर्ता लोग के भीड़ जुट गइल।

दिल्ली में चुनल जाए के बा आरजेडी के राष्ट्रीय अध्यक्ष

बता देईं कि,  10 अक्टूबर के दिल्ली में आरजेडी के राष्ट्रीय अध्यक्ष के चुनल जाए के बा। कयास लगावल जा रहल बा कि लालू यादव के ही पार्टी के राष्ट्रीय अध्यक्ष चुनल जाई।
[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]