BJP List: आतंकी कसाब के फांसी दिआवे वाला वकील उज्जवल के भाजपा बनवलस प्रत्याशी, इहाँ से कटल पूनम महाजन के टिकट

Share

BJP List: भारतीय जनता पार्टी के केंद्रीय चुनाव समिति आपन एगो आउर लिस्ट जारी कर देले बिया। 2024 के लोकसभा चुनाव खातिर भाजपा महाराष्ट्र के उत्तर मध्य मुंबई सीट से उज्जवल देवराव निकम के आपन उम्मीदवार बनवले बिया। उज्जवल देवराव निकम 26/11 मुंबई आतंकवादी हमला के मामला में विशेष लोक अभियोजक बाड़न। एह सीट से भाजपा के पूनम महाजन मौजूदा सांसद बाड़ी।

भारतीय जनता पार्टी के केंद्रीय चुनाव समिति आपन एगो आउर लिस्ट जारी कर देले बिया। 2024 के लोकसभा चुनाव खातिर भाजपा महाराष्ट्र के उत्तर मध्य मुंबई सीट से उज्जवल देवराव निकम के आपन उम्मीदवार बनवले बिया।

उज्जवल देवराव निकम 26/11 मुंबई आतंकवादी हमला के मामला में विशेष लोक अभियोजक बाड़न। एह सीट से भाजपा के पूनम महाजन मौजूदा सांसद बाड़ी। उऽ दो बार से सांसद बाड़ी। पूनम महाजन भाजपा के दिग्गज नेता रहल दिवंगत प्रमोद महाजन के बेटी हई।

वर्षा गायकवाड़ से होई मुकाबला

उज्जवल निकम 1993 के मुंबई सिलसिलेवार विस्फोट आ 26/11 हमला के बाद पकड़ाइल एकमात्र आतंकवादी अजमल कसाब के मुकदमा जइसन कई गो हाई प्रोफाइल मामला में विशेष लोक अभियोजक रहल बाड़न। उनकर मुकाबला कांग्रेस के मुंबई इकाई प्रमुख आ धारावी से विधायक वर्षा गायकवाड़ से होई।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-