आरोप: मनोज तिवारी पs FIR दर्ज करइहें सिसोदिया, बोललें- रचल जा रहल बा केजरीवाल के हत्या के साजिश
Delhi MCD Election: भाजपा सांसद मनोज तिवारी ट्वीट कs के कहलें , ‘अरविंद केजरीवाल जी के सुरक्षा के लेके हम चिंतित बानी। काहेकि लगातार भ्रष्टाचार, टिकट बिक्री आ जेल में दुराचार के आरोपी से दोस्ती आ मसाज प्रकरण के लेके आप कार्यकर्ता आ जनता गुस्सा में बा लो।
निगम चुनाव के बीच आम आदमी पार्टी (आप) भाजपा पs बड़ हमला बोलले बिया। उपमुख्यमंत्री मनीष सिसोदिया के आरोप बा कि गुजरात आ एमसीडी में हार के अहसास होखला पs भाजपा मुख्यमंत्री अरविंद केजरीवाल के हत्या करा सकत बिया। सिसोदिया के आरोप बा कि पूर्व प्रदेश अध्यक्ष आ सांसद मनोज तिवारी एकर धमकी दे रहल बाड़ें। संगही चेतावनियो देले बिया कि मुख्यमंत्री के संगे अगर कवनो अप्रिय घटना होत बा तs भाजपा जिम्मेदार होई।
आप बोलल, गाली-गलौज से जान लेवे तक पहुंच गइल भाजपाई
आप के आरोप बा कि भाजपा वाला पहिले गाली-गलौज करत रहे लो, बाकिर अब ई लोग जान से मारे के धमकियो देवे लगे जदि कवनो घटना होत बा तS एकरा खातिर सीधे तौर पS भाजपा जिम्मेदार होई। धमकी के जवाब अब दिल्ली आ गुजरात के जनते दी।
गुजरात के नेता पs भाजपा कइलस हमला
आप के कहनाम बा कि गुजरात के वरिष्ठ नेता मनोज सोहरठिया पs भाजपा कार्यकर्ता लोग जानलेवा हमला कइले रहे। आप गुजरात के सीएम पद के चेहरा इसुदान गढ़वीयो के भाजपा कार्यकर्ता लोग से डंडा मारके घायल कइले रहे लो। एही तरे आम आदमी पार्टी के कइयान गो आउर कार्यकर्ता के ससाथे भाजपा के कार्यकर्ता गाली गलौज आ मारपीट कs चुकल बा लो।
आप कार्यकर्ता लोगन के आक्रमकता के देखत सीएम के सुरक्षा जरूरी : तिवारी
उपमुख्यमंत्री के बयान अइला के बाद सांसद मनोज तिवारी कहलें कि आप कार्यकर्ता आत्महत्या कs रहल बा लो आ एह मनोस्थिति तक पहुंचे वाला लोग कुछुओ कs सकत बा लो। एहिसे अरविंद केजरीवाल के सुरक्षा बहुते जरूरी बा। हम राजनीति ना, कार्यकर्ता लोगन के निराशा आ आक्रामकता के देखत उनका रक्षा के मांग कर रहल बानी।
Comments are closed.