25 नवंबर 2022 के राशिफल

By Anurag Ranjan

Published on: Nov 25, 2022

दिनांक- 25/11/2022 श्री गणेशाय नमः आज के पंचांग मार्गशीर्ष शुक्ल पक्ष तिथि-द्वितीया रात में 01 बजके 03 मिनट ले, ओकरा बाद तृतीया। दिन- सुक। ज्येष्ठा नक्षत्र रात में 08 बजके 07 मिनट ले, ओकरा बाद

Share

दिनांक- 25/11/2022
श्री गणेशाय नमः

आज के पंचांग

मार्गशीर्ष शुक्ल पक्ष

तिथि-द्वितीया

रात में 01 बजके 03 मिनट ले,

ओकरा बाद तृतीया।

दिन- सुक।

ज्येष्ठा नक्षत्र

रात में 08 बजके 07 मिनट ले,

ओकरा बाद मूल नक्षत्र।

सुकर्मा जोग

दिन में 14 बजके 40 मिनट ले,

ओकरा बाद धृति जोग।

बालव करण।

 

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 26/11/2022

मार्गशीर्ष शुक्ल पक्ष

तिथि- तृतीया

रात में 10 बजके 50 मिनट ले।

दिन- अतवार।

मूल नक्षत्र

साँझ के 05 बजके 38 मिनट ले।

शूल जोग

प्रातः 05 बजके 39 मिनट ले।

तैतिल करण।

 

आज के राशिफल 

 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

परिजनन से संबंध मधुर होई। कार्यस्थल पs केहू से आकर्षित होखेम। भाग जागल संभव बा।। जवने काम करी पूरा आत्मविश्वास के संगे आ आनंद से करी। निश्चित सफल होखेम।

 

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

नया बेयपार के सुरुआत अनुकूल होई। कान संबंधित पीड़ा हो सकत बा। बिना मतलब के विवादन में मत बोलीं, नुक्सान संभव बा। नौकरी में बदलाव के जोग के बीच राजनीति से जुड़ल लोग मनचाही सफलता के पा सकत बा।

 

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

आर्थिक ममिला सुलझला के उम्मीद बा। जवना लोगन के रउआ मदद कइले रहनी, उहे आज राउर विरोध करी। रूचि के अनुसार काम मिलला से मन प्रसन्न रही। सुख सुविधा पs खर्च संभव बा। मानसिक अस्थिरता रही।

 

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

 वैचारिक मतभेद दूर होई। केहू के अपना मन के बात बतावे के मौका मिली। कारोबार में नया सौदा लाभप्रद रही। रुकल काम पूरा होखे में अभी समय लाग सकत बा। मांगलिक खर्च संभव बा।

 

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

बीतल बातन के भुलाके अपना रिश्तन के नया सुरुआत करी। राउर उन्नति से विरोधी के तकलीफ हो सकत बा। राजनीति के चलते शत्रु रउआ के नुकसान पहुंचावे के हर संभव प्रयास करी, सतर्क रहीं।

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

सामाजिक वर्चस्व बढ़ी। मन में कवनो बात के ले के दुविधा बा, ओहि के कारण रउआ तनाव महसूस करेम। उधार दिहल पईसा आवे में संदेह बा। संघतिया राउर कामन में सहायक होंई। यात्रा सुखद रही।

 

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

काम के जगे पs सहकर्मी राऊर सफलता से इर्ष्या करी लो। कामन में हो रहल देरी से चिंतित रहेम। कारोबार में नया तकनीक के प्रयोग लाभान्वित करी। बहिन से झगड़ा के संभावना के बीचे धन आगमन में हो रहल रुकावट दूर होई।

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

धार्मिक माहौल में समय बीती। धनार्जन के नया स्त्रोत स्थापित होई। माई के स्वास्थ के चिंता रही। पारिवारिक मांगलिक आयोजनन के रुपरेखा बनी। संघतिया लोगन के संगे कवनो जरूरी मसला पs चरचा होई।

 

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

रुकल काम आ योजनन के क्रियाशील करे खातिर हर संभव कोसिस करी। बेमारी के कारण तनाव पैदा होई बाकिर घबराएं मत अपना इष्ट पs भरोसा रखीं। सब अनुकूल होई। जीवन साथी के साथ मिली।

 

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

नाया योजना में पूंजी निवेश सोच समझ के करी। पुरान विवाद से युक्त जमीन जायदाद के मसला लंबित होई। शत्रु परास्त होई लो। नया संपर्क रउआ के ख्याति दिला सकत बा। कारोबार विस्तार के जोग बा।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

नया काम सुरु करे से पहिले अनुभवी लोगन आ बड़ लोगन से मार्गदर्शन आ सलाह जरूर लीं। पूंजी निवेश करे में सतर्क रहीं। केहू के बातन में जल्दी फंस जानी, उचित होई कि खुद के परिपक्व करी। पढ़ाई खातिर करजा लेवे के पड़ सकत बा।

 

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

रउआ आदतन के कारण रउआ से आपन लोग दुरी बना लेले बा लो। उचित होई कि समय रहते अपना स्वभाव आ बेवहार में परिवर्तन ले आई। आर्थिक इस्थिति में पहिले से सुधार होई। नया संपर्क स्थापित होंई।

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.