Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

बिहारशरीफ हिंसा: भड़काऊ पोस्ट के ममिला में पांच गिरफ्तार, एक दर्जन के खिलाफ EOU पटना में दर्ज कइलस FIR

बिहारशरीफ में भइल हिंसा के ममिला में आर्थिक अपराध इकाई के अलग से जांच के जवाबेदही सउपल गइल बा। रिपोर्ट के आधार पs आर्थिक अपराध इकाई पटना में अलग से एफआईआर दर्ज कइले बा। जेमे दर्जन भर लोगन के नामजद कइल गइल बा।

340

रामनवमी के दौरान बिहारशरीफ शहर में भइल उपद्रव के बाद सोशल मीडिया पs आपत्तिजनक आ धार्मिक उन्नाद फइलावे आला अलग-अलग थानन के कुल पांच लोगन के चिह्नित कs के ओह लोगन के जेल भेजल गइल बा।

ई जानकारी एसपी अशोक मिश्रा देलें। ऊ कहलें कि एह ममिला में आर्थिक अपराध इकाई के टीम नियमित रूप से काम कर रहल बिया।

ऊ कहलें कि जवन लोग सोशल मीडिया पs गलत अफवाह फइला के ओकरा के डिलीटो कs देले होई तबो ओकर तमाम गतिविधियन के लोकेट कs के कार्रवाई कइल जाई।

एसपी कहलें कि आर्थिक अपराधी इकाई के अलाver कइयन गो सूचना तंत्र एह तरह के भड़कावे वाला संवाद फइलावे वालन के चिह्नित कs रहल बिया।

अइसन कइयन लोग रडार पs बा जेकर खोज कइल जा रहल बा। एसपी स्पष्ट रूप से कहलें कि धार्मिक उन्माद फइलावे वालन शरारती तत्व, चाहे ऊ केतनो पहुंच के काहे ना होई ओकरा के बख्शल ना जाई।

एह लोगन के भइल गिरफ्तारी

दीपनगर थाना क्षेत्र के रजनीश कुमार, सोहसराय थाना क्षेत्र से धर्मेन्द्र कुमार, लहेरी थाना अंतर्गत तुषार कुमार, मानपुर से मनीष कुमार आ थरथरी थाना क्षेत्र के एगो आरोपितो सामिल बा।

आर्थिक अपराध इकाई अलग से दर्ज कइलस प्राथमिकी

जानकारी के मोताबिक, बिहारशरीफ में भइल हिंसा के ममिला में आर्थिक अपराध इकाई के अलग से जांच के जवाबेदही सउपल गइल बा।

रिपोर्ट के आधार पs आर्थिक अपराध इकाई पटना में अलग से एफआईआर दर्ज कइले बा। जेमे दर्जन भर लोगन के नामजद कइल गइल बा।

संगही कइयन लोग संदेह के घेरा में बा जवना के जांच चल रहल बा। एसपी बतवलें कि शोभा यात्रा के दौरान भइल उपद्रव ममिला में अब तक 140 लोगन के गिरफ्तार कइल गइल बा। बाकी लोगन के गिरफ्तारी खातिर लगातार छापेमारी कइल जा रहल बा।

साभार: दैनिक जागरण

509120cookie-checkबिहारशरीफ हिंसा: भड़काऊ पोस्ट के ममिला में पांच गिरफ्तार, एक दर्जन के खिलाफ EOU पटना में दर्ज कइलस FIR

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.