Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

बिहार में 36 IAS-26 IPS अफसरन के ट्रांसफर: 15 जिलन के DM बदलल गइल, दरभंगा एसएसपी समेत 6 जिलन के SP के तबादला

421

बिहार में बड़ प्रशासनिक फेरबदल कइल गइल बा। बिहार के 37 IAS आ 26 आईपीएस अफसरन के ट्रांसफर कइल गइल बा। 15 जिलन के डीएम के बदल दिहल गइल बा। एमे से 8 जिलन के डीएम आपस में बदलल गइल बा लो। 9 जिलन के एसपी, सिटी एसपी आ एसएसपी के ट्रांसफर कइल गइल बा। महागठबंधन बनला के बाद दूसरका बेर एतना बड़ पैमाना पs IAS आ IPS अफसरन के तबादला कइल गइल बा।

ट्रांसफर के लिस्ट में सबसे चर्चित नाम जदयू के पूर्व राष्ट्रीय अध्यक्ष आ पूर्व केंद्रीय मंत्री आरसीपी सिंह के बेटी आ दामाद के बा। बेटी लिपि सिंह के सहरसा के SP पद से हटाके BMP-2 डेहरी ऑन सोन के कमांडेंट बनावल गइल बा। ओहिजा, दामाद सुहर्ष भगत के पूर्णिया के डीएम से हटाके औरंगाबाद के डीएम बनावल गइल बा।

एह जिलन के डीएम बदलल गइल बा: औरंगाबाद, खगड़िया, मधेपुरा, पूर्णिया, कटिहार, सारण, बेतिया, कैमूर, सहरसा, बक्सर, सीवान, शेखपुरा, मोतिहारी, अरवल आ शिवहर के डीएम बदलल गइल बा लो।

एह जगहन के SP आ SSP बदलल गइल लो: सीतामढ़ी, वैशाली, बेतिया, सहरसा आ रोहतास के एसपी बदलल गइल बा लो। ओहिज, दरभंगा के एसएसपी अवकाश कुमार के ट्रांसफर कs दिहल गइल बा।

CM के पूर्व सचिव पश्चिम चंपारण के डीएम: बिहार के संयुक्त सचिव दिनेश कुमार राय के बेतिया के DM बनावल गइल बा। ऊ पहिले CM नीतीश कुमार के सचिव तक रह चुकल बाड़ें। विनोद सिंह गुंजियाल लघु जल संसाधन विभाग के सचिव के मद्य निषेध उत्पाद निबंधन विभाग के सचिव बनावल गइल बा। ओहिजा उत्पाद आयुक्त के निबंधन महानिरीक्षक बी कार्तिकेय धनजी के हटाके बिहार शिक्षा परियोजना परिषद, पटना के राज्य परियोजना निदेशक बनावल गइल बा।

एने, छपरा(सारण) के नगर आयुक्त संजय कुमार उपाध्याय के खाद्य उपभोक्ता संरक्षण विभाग, पटना के विशेष सचिव बनावल गइल बा। ओहिजा परिवहन आयुक्त सीमा त्रिपाठी के कला संस्कृति आ युवा विभाग के विशेष सचिव बनावल गइल बा। बिहार राज्य पर्यटन विकास निगम के प्रबंध निदेशक कंवल तनुज के पर्यावरण वन आ जलवायु परिवर्तन विभाग के विशेष सचिव बनावल गइल बा।

शिवहर के DM बनलें रामशंकर: सामान्य प्रशासन विभाग के संयुक्त सचिव रामशंकर के शिवहर जिला के डीएम बनावल गइल बा। निदेशक नियोजन आ प्रशिक्षण अरुण कुमार ठाकुर के संयुक्त सचिव आपदा प्रबंधन विभाग बनावल गइल बा। चंपारण के डीएम शीर्षत कपिल अशोक के गृह विभाग के महा निरीक्षक कारा आ सुधार सेवा के पद पs पदस्थापित कइल गइल बा।

खगड़िया DM आलोक रंजन घोष बनलें कृषि विभाग के निदेशक: खगड़िया के DM आलोक रंजन घोष के कृषि विभाग के निदेशक बनावल गइल बा। ओहिज कटिहार के डीएम उदयन मिश्रा के विज्ञान आ प्रावैद्यिकी विभाग के निदेशक बनावल गइल बा।

508540cookie-checkबिहार में 36 IAS-26 IPS अफसरन के ट्रांसफर: 15 जिलन के DM बदलल गइल, दरभंगा एसएसपी समेत 6 जिलन के SP के तबादला

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.