Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

जमशेदपुर में हिंसक झड़प के बाद बंद इंटरनेट सेवा सबेरे 7:30 बजे चालू: धारा 144 लागू, इलाका में सुरक्षा बलन के फ्लैग मार्च; अफवाह ना फइलावे के अपील

192

जमशेदपुर में सनीचर के रात दु पक्षन में भइल हिंसक झड़प अतवार के तेज हो गइल। कइयन दुकानन में आग लगा दिहल गइल। जमके पत्थरबाजी भइल। देर रात ममिला शांत भाव। सोमार के सबेरे इस्थिति नियंत्रण में बा। जमशेदपुर में इंटरनेट सेवा बंद कइला के बाद आज सबेरे 7:30 बजे से सुरू कs दिहल गइल बा। सुरक्षा बल तैनात बा लो। इलाका में धारा 144 लागू कइल गइल बा।

दुनो तरफ से भइल पत्थरबाजी

कदमा शास्त्रीनगर ब्लॉक नंबर दु में अतवार के सांझ दु समुदायन के बीच पत्थरबाजी भइल। पत्थरबाजी के बाद पुलिस के फायरिंगो के सूचना मिलल। पुलिसो हालात पs नियंत्रण खातिर हवाई फायरिंग कइलस। पत्थरबाज दुकानन में आग लगा देलें। छव गो दुकान, दु गो बाइक जरा दिहल गइल।

हालात पs काबू पावे खातिर झारखंड अग्निशमन आ टाटास्टील के दु गो दमकल गाड़ी मंगावल गइल। करीब तीन घंटा तक चलल पत्थरबाजी में एसएसपी प्रभात कुमार समेत कइयन पुलिसकर्मी घायल हो गइल लो।

पुलिस पत्थरबाजी आ हंगामा कs रहल 60 से जादे जुवकन के एगो धार्मिक स्थल से हिरासत में लिहल गइल। क्षेत्र में अभियो तनाव के माहौल बा, बाकिर सुरक्षा बल इस्थिति अपना नियंत्रण में ले लेले बाड़ी सs।

सुरक्षा के पुख्ता इंतजाम

जमशेदपुर में धारा-144 लगावल गइल बा। अतवार के रात 9 बजे रैफ के तीन कंपनी पहुंचल। देर रात चाईबासा आ सरायकेला से 400 जवानन के फोर्स मंगावल गइल। ओहिजा, जैप 6 के जवानन के तैनातियो कइल गइल बा।

कइसे सुरू भइल विवाद

सनीचर के सांझ असामाजिक तत्व कदमा शास्त्रीनगर ब्लॉक नंबर 3 चौक पs लागल झंडा के बांस में मांस से भरल पॉलिथीन बैग बांध देले रहलें सs। अतवार के कदमा शास्त्रीनगर ब्लाक नंबर 2 इस्थित जटाधारी हनुमान मंदिर में हिंदूवादी संगठनन के बैठक भइल। अचके बैठक पs पत्थरबाजी सुरू हो गइल। एकरा बाद हिंसा भड़क उठल।

उपायुक्त विजया जाधव शांति बना के रखे के अपील करत कहली कि कुछ असामाजिक तत्व सांप्रदायिक सौहार्द बिगाड़े के कोसिस कइले बा लो। प्रशासन द्वारा पूरा इस्थिति पs नजर राखल जा रहल बा। अपील बा कि कवनो तरे के अफवाह पs धेयान मत दीं आ शांति बनावे के रखे में प्रशासन के सहयोग करे।

साभार: दैनिक भास्कर

509440cookie-checkजमशेदपुर में हिंसक झड़प के बाद बंद इंटरनेट सेवा सबेरे 7:30 बजे चालू: धारा 144 लागू, इलाका में सुरक्षा बलन के फ्लैग मार्च; अफवाह ना फइलावे के अपील

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Comments are closed.