Bihar Weather: फेर बदलल मौसम के मिजाज, पटना समेत प्रदेश में आंधी-बरखा के आसार; तापमान गिरे से मिली राहत

Share

राजधानी समेत प्रदेश के मौसम में सुक के बदलाव देखे के मिलल। बीतल तीन-चार दिनन से प्रदेश में पुरवा हवा चल रहल बा। एकरा संगही हलुका बरखा के कारण मौसम सुहाना हो गया था। ओहिजा, सुक के पछुआ के कारण मौसम के तेवर तल्ख हो गइल।

राजधानी समेत आउर जिलन में शुष्क हवा के कारण तापमान में बढ़न्ती होखे से लोग गरमी से परेसान रहल। पटना समेत प्रदेश के सब जिलन के अधिकतम तापमान में बढ़न्ती दर्ज कइल गइल। पटना के अधिकतम तापमान सामान्य से दु डिग्री ऊपर चढ़ला के संगे 38.6 डिग्री सेल्सियस दर्ज कइल गइल। जबकि 41.6 डिग्री सेल्सियस के संगे बक्सर में प्रदेश के सबसे जादे  तापमान दर्ज कइल गइल।

मौसम विज्ञान केंद्र के अनुसार अगिला 24 घंटन के दौरान मौसम में एक बेर फेर बदलाव आई। प्रदेश भर में बादलन के आवाजही बनल रही। तापमान में दु से तीन डिग्री के गिरावट के संभावना बा। अतवार आ सोमार के पटना सहित प्रदेश भर में आंधी-पानी के अलर्ट बा। एह दौरान हवा के गति 30-40 किमी प्रतिघंटा रहला के संभावना बा।

बीते 24 घंटन के दौरान गया आ बांका जिला के अलग-अलग जगहन पs बरखा भइल। बांका के चंदन में 1.8 मिमी, गया के फतेहपुर में 1.8 मिमी, गया के बजीरगंज में 0.6 मिमी, गया शहर में 0.2 मिमी बरखा दर्ज कइल गइल।

एकरा अलावे पटना समेत प्रदेश के अगल-बगल के इलाकन में सबेरे के समय बादल छाइल रहल। ओहिजा, दुपहरिया बाद तेज घाम से लोग परेsसान रहल। सांझ के बेरा ठंडा हवा के कारण लोगन के तनिका राहत मिलल।

प्रमुख शहरन के तापमान

पटना 38.6, गया 37.9, भागलपुर 37.4, पूर्णिया 36.6, वाल्मीकि नगर 38.0, मुजफ्फरपुर 34.6, छपरा 36.2, दरभंगा 36.0, सुपौल 36.2, फारबिसगंज 35.6, सबौर 34.2, डेहरी 38.0, मोतिहारी 37.5, शेखपुरा 38.3, जमुई 37.1, बक्सर 41.6, भोजपुर 39.4, औरंगाबाद 39.1, बेगूसराय 36.3, बांका 36.8, कटिहार 36.2, नवादा 37.6, अररिया 34.6, जीरादेई 37.0, किशनगंज 34.0 सेल्सियस।

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-