[the_ad_group id="30365"]

Swiggy से ऑनलाइन ऑर्डर भइल महंगा, कंपनी लगवलस नाया शुल्क, हर ऑर्डर पs देबे के पड़ी फिक्स मनी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

ऑनलाइन फूड डिलीवरी के दिग्गज कंपनी स्विग्गी अपना यूजर से प्रति ऑर्डर 2 रुपया के प्लेटफॉर्म फीस लेतिया। स्विग्गी अपना सभ यूजर से इ शुल्क लेवे वाला बा चाहे ऑर्डर बड़ होखे चाहे छोट।

कहां-कहां भईल लागू

Swiggy बेंगलुरु, हैदराबाद आ चेन्नई में प्लेटफॉर्म फीस शुरू कईले बिया। हालांकि कंपनी इ नईखे बतवले कि इ शुल्क कब आ कईसे बड़ शहर में लागू होई। बताईं कि फिलहाल प्लेटफार्म शुल्क खाली स्विग्गी के फूड डिलीवरी सेवा पे लागू बा। कंपनी इंस्टामार्ट के ऑर्डर खातीर एकरा के लागू नईखे कईले।

कंपनी के ओर से दिहल कारण

स्विग्गी के प्रवक्ता कहले – एह शुल्क से हमनी के अपना प्लेटफार्म के संचालन आ सुधारे में मदद मिली। एकरा संगे ए ऐप के सहज अनुभव में बढ़ोतरी होई।

बता दीं कि कंपनी के सोझा बहुत चुनौती बा। हाल ही में स्विग्गी के मूल्यांकन में गिरावट आइल बा। एही बीच कंपनी सामूहिक छंटनी भी कर रहल बिया। जेफरीज के एगो रिपोर्ट के मुताबिक, ओकर यूनिट इंस्टामार्ट, प्रतिद्वंद्वी जोमैटो के किराना डिलीवरी प्लेटफॉर्म ब्लिंकिट से पीछे बा।

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]