[the_ad_group id="30365"]

ट्रेन के टिकट बुक कइले के बाद बदल गइल प्लान त कैंसिल करे के बजाय अपनाइ इ तरीका, बच जाइ पूरा पइसा!

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

 

ट्रेन टिकट : ट्रेन से यात्रा करे खातिर हर आदमी एक महीना आ 15 दिन पहिले आरक्षण क लेला ताकि बर्थ मिलला पे सुविधा के आनंद लिहल जा सके। हालांकि कबो-कबो यात्रा रद्द करे के पड़ेला। अइसना में टिकट रद्द करे खातिर रद्द करे के शुल्क देबे के पड़ेला। लेकिन अब रेलवे टिकट ट्रांसफर के सुविधा के मदद से आप आपन पूरा पईसा बचा सकतानी।

असल में टिकट रद्द कइला पे रेलवे रद्द करे के शुल्क काट लेला आ यात्री के कम पइसा वापस मिल जाला। रेलवे रद्द करे के शुल्क काटला के बाद रउरा के रिफंड जारी करेला। लेकिन अब टिकट ट्रांसफर करे के सुविधा मिलला के बाद रद्द करे के जरूरत ना होई।

राउर टिकट पे केहू दोसर क सकेला यात्रा 

अगर टिकट बुक कइला के बाद कहीं जाए के योजना बदल गइल बा त टिकट रद्द करे के जरूरत नइखे। रउरा टिकट पे कवनो दोसर आदमी भी यात्रा क सकेला। रेलवे रउरा के एकर अनुमति देत बा। बता दीं कि रेलवे अपना सगरी यात्रियन खातिर एह सुविधा के एलान कइले बिया। अयीसना में टिकट रद्द करे के बजाय आप अपना टिकट परिवार के कवनो अउरी सदस्य के ट्रांसफर क सकतानी।

टिकट केकरा के ट्रांसफर कइल जा सकेला?

रउरा आपन कन्फर्म टिकट अपना परिवार के कवनो दोसरा सदस्य जइसे कि महतारी, बाप, भाई, बहिन, बेटा, बेटी आ पति आ पत्नी के ट्रांसफर क सकेनी। हालांकि ट्रेन में चढ़े से कम से कम 24 घंटा पहिले इ जानकारी रेलवे के देवे के होई। एकरा बाद जवना आदमी के नाम पहिले से टिकट पे बा ओकर नाम हटा के जवना आदमी के नाम से टिकट ट्रांसफर भईल बा ओकर नाम जोड़ल जाई। रउरा के बता दी कि रउरा कवनो कन्फर्म टिकट के ट्रांसफर एक बेर ही क सकेनी, मतलब कि रउरा टिकट पे खाली एगो आदमी यात्रा क सकेला।

रेलवे टिकट के ट्रांसफर कईसे कईल जाला?

कन्फर्म रेलवे टिकट केहु अउरी के नाम पे ट्रांसफर करे खातीर टिकट के प्रिंट निकाल के नजदीकी रेलवे स्टेशन पे जाए के होई। इहाँ रउरा ओह आदमी के आईडी प्रूफ ले के चले के पड़ी जेकरा नाम से रउरा टिकट ट्रांसफर कइल चाहत बानी। स्टेशन पे टिकट काउंटर पे टिकट के ट्रांसफर खातिर आवेदन क सकेनी। हालांकि, इ सुविधा बहुत दिन से मौजूद बा, लेकिन अधिकांश लोग एकरा बारे में जानकारी के कमी के चलते एकर इस्तेमाल नईखन क पावत।

 

 

 

 

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]