Khabar Bhojpuri
भोजपुरी के एक मात्र न्यूज़ पोर्टल।

Bihar Weather Today: पटना समेत 5 जिलन में जोरदार बरखा के अलर्ट, लोगन के सावधान रहे के सलाह; पढ़ी मौसम के हाल

106
Google Ads 300*250 for posts

Bihar Weather News बिहार के उत्तरी भागन के बाद अब दक्षिणी भागन में मानसून दस्तक दे देले बा। पटना समेत 5 जिलन में भारी बारिश के अलर्ट जारी कइल गइल बा। फिलहाल में मानसून दु दिन से रक्सौल आ भागलपुर के आसपास बनल बा। एतवार यानी आज उत्तरी भागन के 12 जिलन में गरज-तड़क के साथे छिटपुट बारिश के संभावना जतावल गइल बा।

दक्षिण पश्चिम मानसून के सक्रियता सीमांचल इलाकन में राजधानी समेत दक्षिणी भागन के तुलना में बेसी बा। एकरा चलते उत्तरी भागन में बरखा के सक्रियता बनल बा, जबकि राजधानी समेत दक्षिणी भागन में बादलन के आवाजाही बनला के साथे मौसम सामान्य बनल बा।

पटना के आसापास इलाकन में 26-28 जून के जोरदार बरखा के अलर्ट

आसा बा कि तीन से चार दिनन में पटना सहित दक्षिणी भागन में मानसून फइली। एकरा प्रभाव से 26-28 जून के पटना समेत आउर जिलन में गरज-तड़क के साथे झमाझम बरखा के संभावना बा। आरा, छपरा, बक्सर, सिवानो में 26 से 28 जून के बीच मूसलाधार बारिश के आसार बा। वर्तमान में मानसून दु दिनन से रक्सौल आ भागलपुर के आसपास बनल बा। मौसम विभाग के अनुसार, एतवार यानी आज उत्तरी भागन के 12 जिलन में गरज-तड़क के साथे छिटपुट बरखा के आसा जतावल गइल बा।

एह उत्तरी जिलन में बरखा के आसार

उत्तरी भागन के सुपौल, अररिया, किशनगंज, सहरसा, मधेपुरा, पूर्णिया, खगड़िया, कटिहार, भागलपुर, मुंगेर, बांका, जमुई में 30-40 किमी प्रतिघंटा के रफ्तार के साथे मेघ गर्जन आ वज्रपात के लेके येलो अलर्ट जारी कइल गइल बा। शनिचर के अररिया में 44.2 मिमी सर्वाधिक बरखा दर्ज कइल गइल।

एकरा अलावा गया, पूर्णिया, खगड़िया, औरंगाबाद, किशनगंज, भभुआ, रोहतास, कटिहार के अलग-अलग स्थानन पs बरखा दर्ज कइल गइल। राजधानी के सर्वाधिक अधिकतम तापमान 38.7 डिग्री सेल्सियस दर्ज कइल गइल। ओहिजा, 41.5 डिग्री सेल्सियस के साथे भोजपुर में प्रदेश के सर्वाधिक अधिकतम तापमान दर्ज कइल गइल। 48 घंटा बाद प्रदेश के अधिकतम तापमान में तीन से चार डिग्री गिरावट के आसार बा।

एह जगहन पऽ दर्ज भइल अतना बरखा

स्थान – वर्षा (मिमी में)

फारबिसगंज -33.2

पूर्णिया के फतेहपुर- 32.0

अररिया के बेलदौर-20.6

औरंगाबाद के चौथम -20.2

औरंगाबाद -16.0

रोहतास के कुदरा -14.6

कटिहार के जोकिहाट -12.2

प्रमुख शहरन के तापमान

पटना 38.7 29.4

गया 39.5 26.6

भागलपुर 35.9 29.0

मुजफ्फरपुर 35.6 28.2

(तापमान डिग्री सेल्सियस में)

870120cookie-checkBihar Weather Today: पटना समेत 5 जिलन में जोरदार बरखा के अलर्ट, लोगन के सावधान रहे के सलाह; पढ़ी मौसम के हाल

ईमेल से खबर पावे खातिर सब्सक्राइब करीं।

Google Ads 300*250 for posts

Get real time updates directly on you device, subscribe now.

Google Ads 300*250 for posts

Comments are closed.