[the_ad_group id="30365"]

Bhagalpur News: जनसेवा एक्सप्रेस पऽ पालीटेक्निक परीक्षार्थियन के कब्जा, एसी से लेके जनरल तक में मारामारी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

Bhagalpur News बिहार में भागलपुर जंक्शन पs जनसेवा एक्सप्रेस में अलगे नजारा देखे के मिलल। हमेशा के भांती एह ट्रेन पs परीक्षार्थी कब्जा कऽ लेले। AC जनरल से लेके बाथरूम तक में जगह ना बांचल । रिजर्वेशन वाला यात्रियन के खड़ा होके जाए पड़ल। ट्रेन के कर्मचारी अवैध यात्रियन के उतारे के गुहार लगवले बाकिर एमें उऽ नाकाम रहलें।

भागलपुर से जनसेवा एक्सप्रेस से मुजफ्फरपुर जाए वाला परीक्षार्थियन के लेके टिकट काउंटर, एटीवीएम मशीन से टिकट कटावे आ ट्रेन में भीड़ रहल। एसी से लेके हर कोच में चढ़े खातिर मारामारी मचल रहे। बोगियन में चढ़े के दौरान छात्र धक्का-मुक्की करत रहलें।

शनिचर के दिन रेल यात्रियन खातिर भारी रहल। जनसेवा एक्सप्रेस की सब बोगियन में भीड़ रहल। बोगियन के बाथरूम तक में गोर राखे के जगह ना रहे। परीक्षार्थी एक-दूसरे पs लदल रहले। इस्थिति ई रहल कि जेकर रिजर्वेशन रहे, ओकरो सीट ना मिलल। ओहू लोग के खड़े-खड़े यात्रा करे के पड़ल। उहे, खचाखच भीड़ के कारण 500-600 यात्री ट्रेन में ना चढ़ सकलें।

एसी बोगी में मचल अफरातफरी

एने, एसी बोगी के अटेंडेंट आ मैकेनिक कंट्रोल रूम में भीड़ के वीडियो शेयर कऽ के कोच के अवैध यात्रियन से खाली करावे खातिर सहयोग मंगले, बाकिर ट्रेन रवाना होखे तक कवनो कर्मचारी ना पहुंचलें। एही दौरान अनाउंसमेंट सिस्टम से चेन पुलिंग ना करे के घोषणा होत रहल। शहर में 18 केंद्रन पs डिप्लोमा आ सर्टिफिकेट के प्रतियोगी परीक्षा के आयोजन कइल गइल।

टिकट काउंटरो रहल फुल

जवना में दोसरो जिलन से परीक्षार्थी परीक्षा में शामिल होखे खातिर पहुंचले। परीक्षा छूटला के बाद बाहर से परीक्षा देवे आइल छात्र घरे जाए खातिर ट्रेन धरे खातिर स्टेशन पहुंचले। नियमित यात्रियन के साथे परीक्षार्थियन के भीड़ से जनसेवा में लोगन के दिक्कत भइल। दुपहरिया 2:10 बजे खुले वाली जनसेवा एक्सप्रेस से जाए खातिर टिकट काउंटरो पs भीड़ रहल। इहाँ 10 काउंटर होखला के बादो खाली तीन हो काउंटरे चालू रहे।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]