बिहार के खगड़िया से नसबंदी के पहिलही बलुक ओकरे बाद महिला सब के एनेस्थीसिया दिहल गइल। सर्जरी के पहिले बेहोशी के दवा नाइ दिहल गइले से उनके भारी परेशानी भइल। ऊ दर्द से तड़पत रहली लोग।
पीड़ित महिला पी कुमारी आरोप लगवली कि ऑपरेशन के दौरान नाइ, बलुक बाद में एनेस्थीसिया दिहल गइल। एसे उनके बहुत दर्द भइल। मामला सोझे अइले के बाद सिविल सर्जन डॉ. ए. झा कहलें कि जांच करावल जाई। एकरे बाद कार्रवाई होई।
ई घटना खगड़िया जिला के अलौली प्राथमिक स्वास्थ्य केंद्र में परिवार नियोजन शिविर के दौरान भइल। डॉक्टर सब महिला लोग के बेहोशी के दवा दिहले बिना ही नसबंदी कs दिहलें। एह दौरान महिलाएं दर्द से कराहत रहली, लेकिन उनकर केहू नाइ सुनल। कुछ महिला लोग के आरोप बा कि डॉक्टर भी उहां मौजूद नाइ बानें, स्वास्थ्यकर्मी लोग ही सर्जरी कइलें।
Post Views: 78