[the_ad_group id="30365"]

मशरक के विकास टेलकम में चोरी, सीसीटीवी कैमरा में कैद भइल घटना, ताला काट के भइल चोरी

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

धर्मेंद्र कुमार सिंह/ मशरक (सारण):  मशरक बाजार इस्थित स्टेशन रोड में विकास टेलकम दुकान में चोर ताला काट चोरी के वारदात के अंजाम देले सs। घटना सीसीटीवी कैमरा में कैद हो गइल बा।

ममिला में विकास टेलकम दोकान के प्रोपराइटर विकास कुमार बतवलें कि हम हर दीन के जइसन काल्ह साँझ के दुकान बंद क के अपना गांव मशरक तख्त चले गइलें। ओहिजा बुध के सबेरे अगल बगल के लोगन द्वारा दुकान में चोरी के घटना के जानकारी मिलल।

मवका प पहुंचला के बाद देखनी कि दुकान के ताला काट चोरन द्वारा चोरी कइल गइल बा। दोसरा ओर दुकान में लागल सीसीटीवी कैमरा में कैद हो गइल बा। घटना बुध के सबेरे के बतावल जात बा दुकान से कीपैड मोबाइल, दु दर्जन चिप,चार्जर हेड फोन ग्राहकन खातिर बने खातिर रखल गइल रहे। सामान समेत गल्ला में रखल नकद पांच हजार रुपिया चोरी क लिहल गइल बा। ममिला में थाना पुलिस के आवेदन दिहल गइल बा। पुलिस ममिला के जांच पड़ताल कर रहल बिया।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]