[the_ad_group id="30365"]

गोरखपुर: नौकरी के नाम पर गंववले ढाई लाख रुपया, नियुक्ति पत्र ले के बैंक पहुंचले पर पता चलल फर्जीवाड़ा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

मऊ जिला के दोहरीघाट निवासी एगो आदमी बैंक में क्लर्क बनवले के नाम पर जालसाजी के शिकार हो गइनें। नौकरी के लालच में ऊ ढाई लाख रुपया गवां दिहलें। नियुक्ति पत्र ले के बैंक पहुंचले के बाद उनके अपने साथ ठगी के जानकारी मिलल।

बुध के कस्बा स्थित बैंक ऑफ बड़ौदा में मऊ जनपद के दोहरीघाट निवासी अशोक कुमार सोनकर बैंक क्लर्क पद पर नियुक्ति खातिर लेटर ले के बैंक के शाखा प्रबंधक गुंजन श्रीवास्तव के पास पहुंचलें।

शाखा प्रबंधक छानबीन कsके बतवनें कि एह तरह के बैंक में भर्ती संबंधी कौनो सूचना नइखे अउर ई लेटर फर्जी ह। फर्जी लेटर के नाम सुनतही युवक अशोक सोनकर के होश उड़ गइल।

ऊ बतवलें कि बैंक में नौकरी के नाम पर मऊ जनपद के नदवासराय भेलउर चंगेरी निवासी एगो आदमी अउर देवरिया जनपद के सोनूघाट रुद्रपुर निवासी एगो आदमी ढाई लाख रुपये ले के ज्वाइनिंग लेटर दिहले रहे। हालांकि, फिलहाल बड़हलगंज पुलिस अइसन कौनो शिकायत के सूचना मिलले से इंकार कइले बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]