Bihar SIR : अभी ले राजनीतिक दल ना दर्ज करवलस आपत्ति, 1.98 लाख युवा मतदाता बने खातिर भरल लोग फॉर्म

Share

पटना। इंडिया गठबंधन चुनाव आयोग पs लगातार हमलावार बा। कांग्रेस के वरिष्ठ नेता राहुल गांधी, तेजस्वी यादव आ आउर विपक्षी नेता के संगे मतदाता पुनरीक्षण काम के विरोध में वोट अधिकार यात्रा कs रहल बाड़ें। अभी ले उ रोहतास, नवादा, नालंदा, गया आ शेखपुरा में यात्रा के माध्यम से चुनाव आयोग आ केंद्र सरकार पs कइयन तरे के आरोप लगा चुकल बाड़ें। बाकिर, चउकावे वाला बात ई बा कि मतदाता सूची प्रारूप प्रकाशित होखे के 20 दिन बादो अभी ले कवनो राजनीतिक दल के ओर से दावा भा आपत्ति नइखे कइल गइल। चुनाव आयोग बुध के सबेरे मतदाता पुनरीक्षण कार्य के डेली बुलेटिन जारी कइलस।

नया मतदाता पहचान पत्र बनावे खातिर एतना युवा भरलें फॉर्म

चुनाव आयोग के ओर से कहल गइल बा कि अभी ले एक लाख 98 हजार 660 नवहा ( 18 बरिस भा ओकरा से जादे) मतदाता सूची में आपन नाम जोड़े आ नया मतदाता पहचान पत्र बनावे खातिर फॉर्म भरले बा लोग। चुनाव आयोग फेर से अपील करत कहलस कि एक अगस्त के जारी कइल गइल बिहार के प्रारूप मतदाता सूची में कवनो त्रुटि दूर करे खातिर आपन दावा आ आपति दर्ज करीं। अभी तक कवनो राजनीतिक दल एको गो दावा भा आपत्ति नइखे दर्ज करवले। चुनाव आयोग के अनुसार, राष्ट्रीय आ राज्य स्तर के राजनीतिक दलन के बीएलए के संख्या एक लाख 60813 बा। बाकिर, अभी ले कवनो राजनीतिक दल के बीएलए के ओर से प्रारूप निर्वाचक नामावली के संबंध में नाम जोड़े भा हटावे के लेके दावा भा आपत्ति नइखे कइल गइल।

राहुल गांधी बोललें- एसआईआर के नाम पs गरीबन के वोट लूट रहल बा

सांसद राहुल गांधी केंद्र सरकार आ चुनाव आयोग पs गंभीर आरोप लगवलें। उ कहलें कि चुनाव आयोग एसआईआर के नाम पs गरीबन के वोट लूट रहल बा आ लाखन नाम वोटर लिस्ट से हटा दिहल गइल बा। एगो स्थानीय किसान के उदाहरण देत राहुल कहलें कि जीवित आ सक्रिय मतदाता के मृत घोषित कs दिहल गइल बा। राहुल जनता से पूछलें कि का रउआ मानत बानी कि वोट चोरी हो रहल बा?”, जवना पs लोग जोरदार समर्थन में ‘हs’ कहलें। उ आरोप लगवलें कि भाजपा आ चुनाव आयोग के मिलीभगत से लोकतंत्र के कमजोर कइल जा रहल बा।

Read Also : Chhapra News : आईटीआई पास नवहन खातिर सुनहरा अवसर, 26 अगस्त के लागी नियोजन कैंपhttps://khabarbhojpuri.com/saran-job-fair-2025-iti-pass-youth-recruitment-camp-26-august/

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-