Chhapra News : आईटीआई पास नवहन खातिर सुनहरा अवसर, 26 अगस्त के लागी नियोजन कैंप

By Anurag Ranjan

Published on: Aug 20, 2025

छपरा। सारण जिला के बेरोजगार नवहन खातिर एगो बड़ अवसर सामने आइल बा। जिला प्रशासन आ प्रादेशिक नियोजनालय के ओर से 26 अगस्त 2025 के एकदिवसीय नियोजन कैंप (Saran job fair )के आयोजन कइल जा

Share

छपरा। सारण जिला के बेरोजगार नवहन खातिर एगो बड़ अवसर सामने आइल बा। जिला प्रशासन आ प्रादेशिक नियोजनालय के ओर से 26 अगस्त 2025 के एकदिवसीय नियोजन कैंप (Saran job fair )के आयोजन कइल जा रहल बा। एह कैंप में HRVS INDIA PVT. LTD. कंपनी ऑपरेटर आ हेल्पर के 50 पदन पs भरती करी।

कैंप के स्थान आ समय

नियोजन कैंप के आयोजन BSDC गरखा, गरखा प्रखंड परिसर में कइल जाई। ई कार्यक्रम सबेरे 11 बजे से सुरू होई।

भरती से जुड़ल मुख्य बात

पदन के संख्या: 50 (ऑपरेटर और हेल्पर)
न्यूनतम योग्यता: मैट्रिक, इंटर या आईटीआई
आयु सीमा: 18 से 30 वर्ष
वेतनमान: ₹17,242 से ₹20,000 प्रतिमाह
नौकरी के स्थान: नोएडा

Saran job fair : ऑनलाइन रजिस्ट्रेशन अनिवार्य

उम्मीदवारन के नियोजन कैंप में सामिल होखे खातिर राष्ट्रीय करियर सेवा पोर्टल (ncs.gov.in) पs पंजीकरण करे के होई।

जे उम्मीदवार खुद ऑनलाइन पंजीकरण नइखे कs सकत, उ अवर प्रादेशिक नियोजनालय, छपरा कार्यालय जाके पंजीकरण कs सकत बा। कैंप के दिन मवका पs पंजीकरण के सुविधा उपलब्ध रही।

नवहन खातिर सुनहरा अवसर

ई नियोजन कैंप नवहन के रोजगार उपलब्ध करवला के संगे-संगे निजी क्षेत्र में काम करे के अनुभव दी। जिला प्रशासन जादे से जादे बेरोजगार नवहन से एह अवसर के लाभ उठावे के अपील कइले बाड़ें। विशेषकर उ अभ्यर्थी जे लमहर समय से नौकरी के तलाश में बा लो, ओकरा खातिर ई एगो सुनहरा मवका बा।

Read Also : VP Election : NDA उम्मीदवार राधाकृष्णन नॉमिनेशन भरलें: मोदी पहिला प्रस्तावक; 9 सितंबर के होई  चुनाव

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.