अगर रउरा सरकारी नौकरी चाहीं तs ई खास मौका खाली रउरा खातिर बा. बिहार स्टेट हेल्थ सोसाइटी हाल ही में सामुदायिक स्वास्थ्य अधिकारी (सीएचओ) के 4000 से अधिका पद खातिर बहाली जारी कइले बिया। जवन राष्ट्रीय स्वास्थ्य मिशन के तहत भरल जाई। अयीसना में एs पद खातीर आवेदन करे के चाहत उम्मीदवार 5 मई से आवेदन प्रक्रिया शुरू होखला के बाद आवेदन कs सकतारे, याद राखीं कि आवेदन करे के आखिरी तारीख 26 मई बा।
योग्यता
एह पदन खातिर आवेदन करे खातिर उम्मीदवार के कवनो मान्यता प्राप्त संस्थान से बीएससी नर्सिंग पास के डिग्री मांगल गईल बा, साथ ही कम्युनिटी हेल्थ सर्टिफिकेठ आ इंडियन नर्सिंग काउंसिल/स्टेट नर्सिंग काउंसिल में रजिस्ट्रेशन के सर्टिफिकेट भी मांग गइल बा.
उमिर के सीमा
बिहार स्वास्थ्य विभाग एह पदन खातिर उम्मीदवारन के न्यूनतम उमिर 21 साल आ अधिकतम उमिर 42 से 45 साल होखे के कहले बा. एकरा संगे एs बहाली में आरक्षित श्रेणी के अभ्यर्थी के अधिकतम उमर में विशेष ढील दिहल जाई।
वैकेंसी डिटेल
कुल पदन के संख्या- 4500
जनरल कैटेगरी 979 पद
एससी-1243 पद
EWS- 245 पद
एसटी- 55 पद
EBC-1170 पद
BC-640 पद
WBC-168 पद
वेतन
उम्मीदवारन के चयन के बाद हर महीना 40 हजार रुपिया के वेतन दिहल जाई।
आवेदन शुल्क
एह पदन खातिर आवेदन करे वाला जनरल/बीसी/ईबीसी/ईडब्ल्यूएस उम्मीदवारन के आवेदन शुल्क के रूप में 500 रुपिया देबे के पड़ी जबकि अनुसूचित जाति/जनजाति/महिला/पीडब्ल्यूबीडी के उम्मीदवारन के 250 रुपिया देबे के पड़ी.
एही तरे आवेदन करीं
सबसे पहिले रउरा आधिकारिक वेबसाइट shs.bihar.gov.in पs जाए के पड़ी.
एकरा बाद “बिहार सीएचओ भर्ती 2025” लिंक पs क्लिक करीं।
एकरा बाद आपन नाम, फोन नंबर आ ईमेल पता आदि डाल के रजिस्ट्रेशन कराईं.
अब लॉगिन डिटेल से लॉगिन करीं आ आपन फार्म भरीं.
ओकरा बाद आपन दस्तावेज अपलोड करीं आ आवेदन फीस के भुगतान करीं.
अंत में पेज डाउनलोड करीं आ ओकरा में से एगो प्रिंट निकाल लीं.
इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: रोज करीं इs 4 गो योगासन, आंख के puffiness होई दूर