गोरखपुर: बाबा भीमराव अंबेडकर के जनम दिवस पs D.A.V.P.G कॉलेज में भइल कार्यक्रम

By Anurag Ranjan

Published on: Apr 14, 2025

आजु बाबा भीमराव अंबेडकर के जनम दिवस पs डी.ए.वी.पी.जी. कॉलेज, गोरखपुर से राष्ट्रीय सेवा योजना,दयानंद इकाई के तत्वावधान में प्राचार्य प्रोफेसर शैल पांडे आ कार्यक्रम अधिकारी श्रीमती प्रतिभा गुप्ता के नेतृत्व में स्वयंसेवक आ स्वयं

Share

D.A.V.P.G कॉलेज

आजु बाबा भीमराव अंबेडकर के जनम दिवस पs डी.ए.वी.पी.जी. कॉलेज, गोरखपुर से राष्ट्रीय सेवा योजना,दयानंद इकाई के तत्वावधान में प्राचार्य प्रोफेसर शैल पांडे आ कार्यक्रम अधिकारी श्रीमती प्रतिभा गुप्ता के नेतृत्व में स्वयंसेवक आ स्वयं सेविका लोग कचहरी बस स्टैंड के निकट बाबा भीमराव अंबेडकर चौक गोरखपुर पहुंच के बाबा भीमराव अंबेडकर जी के प्रतिमा पs माल्यार्पण आ शपथ ग्रहण समारोह उपस्थित रहले।

एह अवसर पs सभ संविधान के निर्माता के रूप में अंबेडकर जी के श्रद्धांजलि अर्पित करत संविधान के मूलभूत अंग के रूप में मताधिकार आ समानता के प्रयोग के शपथ ग्रहण कइले लोग । एह अवसर पs कार्यक्रम अधिकारी श्रीमती प्रतिभा गुप्ता सभ के संबोधित करत कहली कि बाबा भीमराव अंबेडकर मानवाधिकार आन्दोलन, संविधान निर्माता आ प्रकांड विद्वत्ता खातीर जानल जात रहे। अतः उs सभ के शपथ दिलावल गइल कि हम सभ मताधिकार के प्रयोग कs लोकतांत्रिक गणराज्य के संकल्पना के बल प्रदान करीं। एह अवसर पs नीतू,प्रीति,दृष्टि,नाजिया आ मरियम समेत स्वयंसेवक आ स्वयं सेविका उपस्थित रहले.

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: रोज सूर्य नमस्कार कइले से का होला?

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.