[the_ad_group id="30365"]

UP Board Result 2025 Date: यूपी बोर्ड रिजल्ट 2025 कब आई? इहां जानीं अब ले के लेटेस्ट अपडेट

UP Board Result 2025 Date
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

54 लाख से अधिका छात्र बेसब्री से अपना रिजल्ट के इंतजार में बाड़े, कक्षा दसवीं, बारहवीं के बोर्ड के परीक्षा करावे के बाद उत्तर प्रदेश माध्यमिक शिक्षा बोर्ड के ओर से तय समय में सभ प्रति के जांच प्रक्रिया पूरा कs लेले बा। अब बोर्ड जल्दिए आपन रिजल्ट घोषित करे के योजना बनावत बा. रिजल्ट से जुड़ल जानकारी सामने आ रहल बा कि बोर्ड एह हफ्ता कवनो दिन दसवीं आ बारहवीं के रिजल्ट जारी कs सकेला.

रिजल्ट कब आ सकेला?

यूपी बोर्ड के रिजल्ट के ताजा रिपोर्ट के मुताबिक यूपीएसएसपी एs सप्ताह 15 अप्रैल के बाद कवनो दिन रिजल्ट से जुड़ल ताज़ा अपडेट जारी कs सकता, जवना में उs रिजल्ट जारी करे के तारीख, समय अवुरी जगह के जानकारी दिही। रिजल्ट जारी होखला के बाद उम्मीदवार आधिकारिक वेबसाइट upboardresult.nic.in पs जाके एकर जांच क सकेले।

परीक्षा कब भइल रहे?

रउरा सभे के बता दीं कि एह साल यूपी बोर्ड के कक्षा 10वीं आ 12वीं के परीक्षा 24 फरवरी से 12 मार्च ले भइल. यूपी बोर्ड एगो प्रेस कांफ्रेंस के आयोजन कs के रिजल्ट जारी करी जवना में यूपी बोर्ड क्लास 10वीं, 12वीं रिजल्ट, कुल पास परसेंटाइल, लड़िका लड़िकियन के पास परसेंटाइल, टॉपर लिस्ट, टॉपर के इनाम वगैरह जइसन महत्वपूर्ण जानकारी साझा करी.

इहो पढ़ीं: सबेरे-सबेरे: आंख के बनावल चाहत बानी खूबसूरत आ तेज तs रोज करीं इs 3 गो योगासन

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]