मधेपुरा। Bihar Politics : समाजवादी राजनीति के केंद्र रहल मधेपुरा जिला के सूबा में राजनीति में हमेसा दखल रहल बा। समाजवाद के पुरोधा कहल जाये वाला भूपेंद्र नारायण मंडल आ वंचित के मुख्यधारा से जुड़े के अधिकार देवे वाला मंडल कमीशन के अध्यक्ष आ पूर्व मुख्यमंत्री बिंदेश्वरी प्रसाद मंडल (बीपी मंडल) के गृह क्षेत्र हs। ई शरद यादव आ लालू यादव के कर्मभूमि रहल बा।
दूनो नेता एक-दूसरा के पराजित कई के संसद पहुंचल लोग आ केंद्र सरकार में मंत्रीओ बनल। पूर्णिया के वर्तमान सांसद पप्पू यादव के राजनीतिक यात्रा 1990 में मधेपुरा से सुरू भइल रहे। ऊ सिंहेश्वर विधानसभा क्षेत्र से निर्दलीय चुनाव जीते में सफल भइल रहलें। एकरा बाद पप्पू दू बेर मधेपुरा के सांसद रहलें।
जनसंघ के मधेपुरा में पहिला जीत दिलावे वाला राजनंदन यादव होखस भा फेर विद्याकर कवि, वीरेंद्र सिंह सरीखा राजनेता के ई कर्मभूमि हs। बाद के दिन में मधेपुरा जिला के राजनीति शरद, नीतीश आ लालू के इर्दगिर्द घूमत नजर आइल।
इहे वजह बा कि हर चुनाव में मुख्यमंत्री नीतीश कुमार के एक पखवाड़ा के पड़ाव मधेपुरा में रहेला। इहां से कोसी-सीमांचल में चुनावी सभा करे जात रहलें।
तेजस्वी यादव मधेपुरा में विशेष रूप से रुचि लेत बाड़ें। एकरा के राजद के गढ़ कहल जाला। जिला के चार में से दू विधानसभा सीट मधेपुरा सदर आ सिंहेश्वर पs राजद के कब्जा बा। बिहारीगंज आ आलमनगर सीट जदयू के लगे बा।
दिलचस्प ई बा कि राजद के दूनो सिटिंग सीट पऽ टिकट खातिर होड़ लागल बा। खास कs के, मधेपुरा सदर सीट खातिर वर्तमान विधायक प्रो. चंदशेखर के अलावे दर्जन भर नेता खुद के टिकट के रेस में बतावत बा लो। प्रो. चंदशेखर लगातार तीन बार से विधायक बाड़ें। इहां मल्टी नेशनल कंपनी के नौकरी छोड़के ई. प्रणव प्रकाश पिछिला 10 महीना से क्षेत्र में डटल बांटे।
एकरा अलावे, पूर्व केंद्रीय मंत्री शरद यादव के पुत्र शांतनु, जिलाध्यक्ष जयकांत यादव, पिछिला लोकसभा में प्रत्याशी रहल प्रो. कुमार चंद्रदीप, पूर्व जिलाध्यक्ष प्रो. अरविंद यादव आदि डटल बा लोग। कइयन गो आउर नाम चरचा में बांटे।
एही तरे, सिंहेश्वर (सुरक्षित) सीट से विधायक चंद्रहास चौपाल के संगे-संगे पूर्व विधायक अमित भारती, डॉ. कुंदन कुमार सुमन, मुखिया वीरेंद्र शर्मा सहित कइयन गो आउर नेता खुद के रेस में बतावत बा लो। ठीक एकरा उल्था जदयू के सिटिंग सीट पs कवनो आउर नाम के चरचा नइखे।
आलमनगर से विधानसभा उपाध्यक्ष नरेंद्र नारायण यादव आ बिहारीगंज से निरंजन मेहता संभावित प्रत्याशी होई लोग। राजद के कब्जा वाला सीट पऽ सिंहेश्वर (सुरक्षित) में पूर्व मंत्री डॉ. रमेश ऋषिदेव के अलावा दोसर केहू सक्रिय नइखे लउकत। हालांकि, मधेपुरा सदर खातिर पूर्व मुख्यमंत्री बीपी मंडल के पोता निखिल मंडल स्वाभाविक दावेदार मानल जात बाड़े।
एकर वजह ई बा कि ऊ पिछिला 2020 के चुनाव में जदयू के उम्मीदवार रहलें। त्रिकोणीय मुकाबला में बाजी राजद के हाथे लागल रहे। ओहिजा, मधेपुरा के दू बेर सांसद रहल आरपी यादव के पुत्र डॉ. सत्यजीत यादव, पूर्व जिलाध्यक्ष विजेंद्र यादव आ युवा जदयू नेता श्वेत कमल उर्फ बौआ यादव चरचा में बा लोग।
Read Also: DDU : गोरखपुर विश्वविद्यालय में इथियोपिया राजदूत के भव्य स्वागत, अंतरराष्ट्रीय सहजोग पs भइल अहम चरचा