DDU : गोरखपुर विश्वविद्यालय में इथियोपिया राजदूत के भव्य स्वागत, अंतरराष्ट्रीय सहजोग पs भइल अहम चरचा

By Anurag Ranjan

Published on: Sep 9, 2025

गोरखपुर। दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय (DDU) में भारत के इथियोपिया स्थित राजदूत आउर अफ्रीकी संघ में भारत के स्थायी प्रतिनिधि अनिल कुमार राय के भव्य स्वागत कइल गइल। एह दौरान विश्वविद्यालय के कुलपति प्रो. पूनम

Share

गोरखपुर। दीनदयाल उपाध्याय गोरखपुर विश्वविद्यालय (DDU) में भारत के इथियोपिया स्थित राजदूत आउर अफ्रीकी संघ में भारत के स्थायी प्रतिनिधि अनिल कुमार राय के भव्य स्वागत कइल गइल। एह दौरान विश्वविद्यालय के कुलपति प्रो. पूनम टंडन के संगे उनकर महत्वपूर्ण मुलाकात भइल।

कई गो अहम विषयन पs भइल विचार-विमर्श

बैठक में प्रो-वाइस चांसलर प्रो. शंतनु रस्तोगी आ डॉ. महेन्द्र कुमार सिंह मवजूद रहल लोग। उच्च-स्तरीय एह चरचा में दूनो पक्ष कई गो अहम विषयन पs विचार-विमर्श कइल। एमे प्रमुख रूप से-

  • अफ्रीकी देस, खास कs के इथियोपिया के विश्वविद्यालयों के संगे शैक्षणिक सहजोग बढ़ावल
  • संयुक्त शोध परियोजना के संभावना तलाशल
  • छात्र-शिक्षक आदान-प्रदान कार्यक्रम सुरू कइल
  • संभावित एमओयू (समझौता ज्ञापन) पs हस्ताक्षर कइल सामिल रहल।
डीडीयू के कुलपति प्रो. पूनम टंडन आ इथोपिया के राजदूत अनिल राय

एकरा अलावे, गोरखपुर विश्वविद्यालय के शैक्षिक गुणवत्ता के वैश्विक मंच पs पहचान दियावे आ बिदेसी छात्रन के आकर्षित करे के रणनीतियन पs विस्तार से चरचा भइल।

श्रीराय विश्वविद्यालय के हर संभव सहजोग देवे के आश्वासन देलें। ऊ कहलें कि ई सहजोग भारत आ अफ्रीकी देसन के बीच शिक्षा आ शोध के क्षेत्र में नया आयाम स्थापित करी।

गौरव के क्षण

कुलपति प्रो. पूनम टंडन एह दौरा के ऐतिहासिक बतावत कहली – “महामहिम राजदूत के ई दौरा गोरखपुर विश्वविद्यालय खातिर गौरव के क्षण बा। एकरा से हमनी के अफ्रीका के प्रतिष्ठित शैक्षणिक संस्थानन से जुड़े आ आपन शोध गतिविधियन के वैश्विक स्तर तक ले जाये के अवसर मिली। हमनी के उनका सहजोग खातिर आभारी बानी सs।”

Read Also: SSC CGL Admit Card 2025: आज जारी हो सकेला एसएससी सीजीएल एडमिट कार्ड, एह 4 स्टेप्स में कइल जा सकी डाउनलोड

 

खबरें और भी arrow-right Created with Sketch Beta.