[the_ad_group id="30365"]

06 फरवरी 2026 के राशिफल

Rashifal : राशिफल
[the_ad_placement id="above-content"]

Share

दिनांक- 06/02/2026

श्री गणेशाय नमः

आज के पंचांग

फाल्गुन कृष्ण पक्ष

तिथि- पंचमी

रात के 01 बजके 18 मिनट ले,

ओकरा बाद षष्ठी।

दिन- सुक।

हस्त नक्षत्र

रात के 12 बजके 23 मिनट ले,

ओकरा बाद चित्रा नक्षत्र।

धृति जोग

दिन के 11 बजके 36 मिनट ले,

ओकरा बाद शूल जोग।

कौलव करण।

काल्ह के पंचांग

दिनांक- 07/02/2026

फाल्गुन कृष्ण पक्ष

तिथि- षष्ठी

रात के 02 बजके 54 मिनट ले।

दिन- सनिचर।

चित्रा नक्षत्र

रात के 02 बजके 28 मिनट ले।

शूल जोग

रात के 11 बजके 40 मिनट ले।

गर करण।

 

आज के राशिफल 

 

मेष | Aries

(जेकर नाम चू, चे, चो, ला, ली, लू,ले,लो,अ से सुरू होला)

आज कामकाज में तेजी रही। मेहनत के पूरा फल मिली। परिवार के संगे समय बितावे के मवका मिली। स्वास्थ्य ठीक रही।

वृष | Taurus

(जेकर नाम से इ,उ,ए, ओ,वा ,वी ,वू ,वे,वो से सुरू होला)

धन के ममिला में सतर्क रहीं। फालतू खरचा बढ़ सकी। नौकरी-पेशा लोगन खातिर दिन सामान्य रही।

 

मिथुन | Gemini

(जेकर नाम का,की,कु,घ,ड़,छ, के, को,हा से सुरू होला)

आज किस्मत साथ दी। नया काम सुरू करे के सोच सकत बानी। संघतिया लोगन से मदद मिली।

 

कर्क | Cancer

(जेकर नाम ही,हू,हो,डा, डी, डू,डे,डो से सुरू होला)

मन तनिका बेचैन रह सकेला। जरूरी फैसला सोच-समझ के लीं। परिवार के सलाह फायदेमंद रही।

 

सिंह | Leo

(जेकर नाम मा,मी,मू,मे,मो,टा,टी, टू,टे से सुरू होला)

आज मान-सम्मान बढ़ी। ऑफिस में सीनियर लोगन से सराहना मिली। जतरा के जोग बनत बा।

 

कन्या | Virgo

(जेकर नाम टो,पा,पी,पू,ष,ण,ठ,पे,पो से सुरू होला)

काम के दबाव रही, बाकिर धैर्य से सब संभल जाई। सेहत पs ध्यान दीं, खानपान सही रखीं।

 

तुला | Libra

(जेकर नाम रा,री,रु,रे,रो,ता,ती,तू,ते से सुरू होला)

दाम्पत्य जिनगी खुसहाल रही। आर्थिक इस्थिति मजबूत होई। रुकल काम पूरा हो सकेला।

 

वृश्चिक | Scorpio

(जेकर नाम तो,ना, नी,नू,ने,नो,या,यी,यूं से सुरू होला)

आज तनिका सतर्क रहे के जरूरत बा। विवाद से दूर रहीं। परिवार में सहजोग मिली।

 

धनु | Sagittarius

(जेकर नाम ये,यो,भा, भी,भू,ध,फ,ढ भे से सुरू होला)

शिक्षा आ प्रतियोगिता में सफलता के जोग बा। नौकरी में तरक्की के संकेत मिलत बा।

 

मकर | Capricorn

(जेकर नाम भो,जा, जी,खी,खू,खे,खो,गा,गी से सुरू होला)

आज दिन मेहनत भरल रही। निवेश से फायदा हो सकेला। बुजुर्ग लोगन के आसीरबाद मिली।

 

कुंभ | Aquarius

(जेकर नाम गू, गे,गो,सा,सी,सू, से,सो,दा से सुरू होला)

नया संपर्क बन सकेला, जवन आगे चलके फायदा दी। मानसिक शांति मिली। प्रेम संबंध मजबूत होई।

मीन | Pisces

(जेकर नाम दी,दू,थ,झ,ञ ,दे,दो,चा,ची से सुरू होला)

आज भावना में बहके फैसला ना लीं। कामकाज सामान्य रही। सांझ तक राहत महसूस होई।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]