[the_ad_group id="30365"]

Bihar Police News: बिहार पुलिस के आइल अच्छा दिन, मिली 2 दिन के आउर छुट्टी; एसपी कइले घोषणा

[the_ad_placement id="above-content"]

Share

बिहार के छपरा में पुलिसकर्मी बहुत व्यस्त हो गइल बाड़े। अब एह पुलिस वालन के जनमदिन के मौका पs दू गो छुट्टी मिल जाई। साल के एह महत्वपूर्ण मौका पs पुलिसकर्मी अपना परिवार आ बच्चा के संगे मस्ती कर सकऽतारे। एसपी के घोषणा के चलते पुलिस परिवार में खुशी के लहर बा। अगर कवनो गंभीर इस्थिति पैदा हो जाव तऽ ई व्यवस्था लागू ना होई।

अब लंबा ड्यूटी आ काम के बोझ के चलते तनाव के सामना करेले पुलिसकर्मी। पुलिसकर्मी अपना रिश्तेदारन के साथे आपन सुनहरा पल मना सकेलें। सारण पुलिस के कप्तान डॉ. कुमार आशीष एह बात के एलान कइले बाड़न।

एह घोषणा से पुलिसकर्मी के परिवार के संगे बितावे के समय मिली आ तनावपूर्ण जीवन में कुछ राहत मिली। घोषणा के दौरान उऽ कहले कि पुलिसकर्मी अउरी अधिकारी के जन्मदिन पs दु दिन के सीएल छुट्टी दिहल जाई, ताकि साल के एह महत्वपूर्ण दिन उऽ लोग अपना परिवार अउरी बच्चा के संगे मजा ले सके।

पुलिस विभाग में खुशी के लहर

एसपी के घोषणा से पुलिस विभाग में बहुत खुशी बा। दिन रात ड्यूटी पs रहेवाला पुलिसकर्मी अपना खास लोग के संगे आपन खास दिन मनइहें। पहिला बेर ई मौका मिल जाई। एसपी इहो बतवले कि उनका सरकारी सेवा पुस्तिका में दर्ज जन्म तिथि के ही जन्मदिन के छुट्टी दिहल जाई।

कर्मचारी के 7 दिन पहिले आवेदन करे के होई

जदि कवनो विशेष कानूनी व्यवस्था पैदा होखे तऽ इ व्यवस्था लागू ना होई। छुट्टी लेबे खातिर कर्मचारियन के सात दिन पहिले आवेदन करे के पड़ी।

एगो वरिष्ठ पुलिस अधिकारी बतवले कि हर आदमी के जीवन में कुछ महत्वपूर्ण दिन होखेला जवना के उ अपना परिवार के संगे बितावल चाहता, बाकिर पुलिसकर्मी आपातकाल के चलते चाहे काम के चलते अइसन नईखन कर पावत। अइसना में ई आदेश वाकई में बहुते बढ़िया कदम बा।

[the_ad_placement id="below-content"]

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
[the_ad_placement id="sidebar-1st"]
[the_ad_placement id="sidebar-2nd"]
[the_ad_placement id="sidebar-3rd"]