Bihar Accident News : पटना में बड़ सड़क हादसा; कार चलत ट्रक में मरलस टक्कर, पांच कारोबारियन के मौत

Share

पटना। पटना में सड़क हादसा में पांच कारोबारियन के मौत हो गइल। घटना बुध के देर रात पटना-गया-डोभी फोरलेन इस्थित परसा बाजार थाना क्षेत्र के सुइया मोड़ के लगे के हs। मृतकन के पहचान राजेश कुमार (कुर्जी), संजय कुमार सिन्हा (पटेलनगर), कमल किशोर, प्रकाश चौरसिया आ सुनील कुमार के रूप में भइल बा। सब मृतक कीटनाशक आ कृषि से जुड़ल उत्पादन के कारोबारी रहे लो।

टक्कर एतना भयानक रहे कि कार के परखच्चा उड़ गइल। स्थानीय लोग घटना के जानकारी पुलिस के दिहल। घटना के सूचना मिलतही पुलिस घटनास्थल पs पहुंचल आ शव के कार से निकाले में जुट गइल। पुलिस के कहनाम बा कि एक्सीडेंट के दौरान सब शव कारे में फंस गइल। कटर आ क्रेन के मदद से शवन के कार से बाहर निकालल गइल। पुलिस आननफानन में शवन के पोस्टमार्टम खातिर पीएमसीएच भेज देलें। घटनास्थल पs मवजूद मनेर थानाध्यक्ष मेनका रानी बतवली कि शवन के लगे मिलल मोबाइल आ कागजात से उनकर पहचान भइल। परिजनन के सूचना दिहल गइल बा, जवना के बाद राते में परिजन अस्पताल पहुंच गइल लो।

मृतक राजेश कुमार के भाई बतवलें कि सब लोग फतुहा से लवटत रहे लो। राजेश कुमार के कीटनाशक आ कृषि उत्पादन के एजेंसी बा आ सब कारोबारी एक संगे बिहटा-सरमेरा रोड होत पटना वापस लवटत रहे लो। एही दौरान अचानक कार चलत ट्रक में जोरदार टक्कर मार देलस। टक्कर के बाद ट्रक में फंसल कार कुछ दूर तक खींचत चल गइल। ट्रक चालक के घटना के तत्कालीन जानकारी ना हो सकल रहे। फेर आउर गाड़ी वाला ट्रक के रुकवावल लो आ फेर पुलिस के घटना के जानकारी देलस। घटना के संबंध में मनेर थानाध्यक्ष मेनका रानी बतवलें कि हादसा संभवत तेज रफ्तार के कारण भइल।

Read Also: PET Exam पऽ अफवाह फइलावे वालन पऽ दर्ज होई मुकदमा, इंटरनेट मीडिया पऽ पुलिस रखी खास नजर

Share this article

Facebook
Twitter X
WhatsApp
Telegram
 
- Sponsored Ads-